Jump to content

फ़िराक़ गोरखपुरी

विकिपीडिया से
फ़िराक़ गोरखपुरी
जनमरघुपति सहाय
(1896-08-28)28 अगस्त 1896
गोरखपुर, नॉर्थ-वेस्टर्न प्रोविंस, ब्रिटिश भारत
निधन3 मार्च 1982(1982-03-03) (उमिर 85)
नई दिल्ली, भारत
लेखन उपनाँवफ़िराक़ गोरखपुरी
पेशाकवी, लेखक, समालोचक, बिद्वान, लेक्चरर, वक्ता
भाषाउर्दू, अंग्रेजी
राष्ट्रियताभारतीय
शिक्षाएमए (अंग्रेजी साहित्य)
महतारी संस्थाइलाहाबाद विश्वविद्यालय
बिधाग़ज़ल,[1] नज़्म, रुबाई, दोहा; साहित्यिक समालोचना
प्रमुख रचनागुल-ए-नग्मा
प्रमुख सम्मानपद्मभूषण (1968)
ज्ञानपीठ पुरस्कार (1969)
साहित्य अकादमी फेलोशिप (1970)
दसखत

फ़िराक़ गोरखपुरी (जनम: रघुपति सहाय, 28 अगस्त 1896 - 3 मार्च 1982) एगो भारतीय शायर, लेखक आ साहित्यिक समालोचक रहलें। उर्दू साहित्य में इनके योगदान ग़ज़ल, नज़्म, रुबाई, दोहा नियर बिधा में रहल आ कई गो समालोचना के किताब भी छपल; हालाँकि मुख्य रूप से इनके ग़ज़ल कहे वाला शायर के रूप में पहिचान हवे।[1] साहित्यिक हल्का में इनके फ़िराक़ साहब के नाँव से जानल जाय आ पेशा से ई इलाहाबाद यूनिवर्सिटी में अंग्रेजी साहित्य के लेक्चरर रहलें।

गोरखपुरी के रचना सभ में गुल-ए-नग्मा, रूह-ए-क़ायनात, रूप (रुबाई संग्रह), बज़्मे-ज़िंदगी रंगे-शायरी प्रमुख बाड़ी सऽ। 1960 में इनके साहित्य अकादमी अवार्ड, 1968 में पद्म भूषण आ सोवियत लैंड नेहरू अवार्ड, आ 1969 में भारत के सभसे बड़ साहित्यिक सम्मान ज्ञानपीठ पुरस्कार मिलल।

लमहर बेमारी के बाद नई दिल्ली में, 3 मार्च 1982 के, 85 बरिस के उमिर में इनके निधन भ गइल।

शायरी
  • गुल-ए-नग्मा,
  • गुल-ए-रा'ना,
  • मशाल,
  • रूह-ए-क़ायनात,
  • शबनमिस्तान,
  • सरगम
  • रूप (रुबाई संग्रह),
  • बज़्मे-ज़िंदगी रंगे-शायरी
समालोचना
  • उर्दू की इश्किया शायरी
  • उर्दू ग़ज़ल
  • 1960 – साहित्य अकादमी अवार्ड (उर्दू भाषा में)
  • 1968 – पद्मभूषण[2]
  • 1968 – सोवियत लैंड नेहरू अवार्ड
  • 1969 – ज्ञानपीठ सम्मान (उर्दू साहित्य में पहिला ज्ञानपीठ)[3]
  • 1970 – साहित्य अकादमी फेलोशिप
  • 1981 – ग़ालिब अकादमी अवार्ड
  1. 1 2 Ajai Mansingh 2015, p. i.
  2. ↑ "Padma Awards" (PDF). Ministry of Home Affairs, Government of India. 2015. Archived from the original (PDF) on 15 November 2014. Retrieved 21 July 2015.
  3. ↑ "Jnanpith Laureates Official listings". ज्ञानपीठ Website. Archived from the original on 13 अक्टूबर 2007.