प्रेमचंद

विकिपीडिया से
प्रेमचंद
منشی پریم چند
भारत के एगो डाक टिकठ पर प्रेमचंद
भारत के एगो डाक टिकठ पर प्रेमचंद
जनमधनपत राय
(1880-07-31)31 जुलाई 1880
लमही, उत्तर-पच्छिम प्रांत, ब्रिटिश भारत
निधन8 अक्टूबर 1936(1936-10-08) (उमिर 56)
बनारस, संजुक्त प्रांत, ब्रिटिश भारत
पेशालेखक, उपन्यासकार, कहानीकार
भाषाहिंदुस्तानी (हिंदी-उर्दू)
राष्ट्रियताभारतीय
प्रमुख रचनागोदान, ग़बन, बाज़ार-ए-हुस्न, कर्मभूमि, शतरंज के खिलाड़ी
जीवनसाथीशिवरानी देवी
संतानश्रीपत राय, अमृत राय, कमला देवी
दसखत

प्रेमचंद (31 जुलाई 1880 — 8 अक्टूबर 1936; जन्म नाम: धनपत राय) जिनके नवाब राय के नाँव से भी जानल जाय, आ वर्तमान में अक्सरहा मुंशी प्रेमचंद के नाँव से जानल जाला, हिंदीउर्दू भाषा के उपन्यासकार, कहानीकार, आ संपादक रहलें। प्रेमचंद भारतीय उपमहादीप के प्रमुख लेखक लोग में गिनल जालें आ इनके "उपन्यास सम्राट" के उपाधि दिहल गइल। इनके 16 ठे उपन्यास आ लगभग 300 कहानी प्रकाशित भइल बा आ कई गो बिदेसी रचना सभ के हिंदी-उर्दू अनुबादो कइलें।

सेवासदन, निर्मला, ग़बनगोदान इनके सभसे परसिद्ध उपन्यास मानल जालें आ इनके लिखल कहानी सभ में कफ़न, ईदगाह वगैरह प्रमुख बाड़ी स। साहित्यिक पत्रिका हंस शुरू कइलें।

संदर्भ[संपादन करीं]