प्राचीन इतिहास
प्राचीन इतिहास (अंग्रेजी: ancient history; उच्चा. एन्शियेंट भा एनशिएंट) बहुत पुरान जमाना के चीजन आ घटना सभ के बिबरन हवे। एकर सुरुआत लिखित इतिहास के बिलकुल सुरुआती समय से होला आ मध्यकाल ले मानल जाला। लिखित इतिहास से पहिले के इतिहास के पुराइतिहास कहल जाला आ आमतौर पर लिखित इतिहास के चार हिस्सा में बाँटल जाला जेह में सभसे पहिला आ पुरान समय के इतिहास के प्राचीन इतिहास कहल जाला; बाकी तीन गो कालखंड के मध्यकाल, आधुनिक इतिहास आ पोस्ट-माडर्न भा समकालीन इतिहास कहल जाला। प्राचीन इतिहास आ मध्यकाल के बीच के बटवारा अलगा-अलगा जगह पर अलग तरह के हो सके ला आ एह बारे में बिद्वान लोग में मतभेद भी हो सके ला।
लिखित इतिहास के सुरुआत 5,000 साल पहिले से मानल जाला, जबतक ले के सुमेरी सभ्यता के लोग के नोकदार लिखाई में लिखल चीज मिलल बाटे। यूनान के पहिला ओलंपियाड 776 ईसापूर्व से यूनान के लिखित इतिहास सुरू होला, लगभग एही समय रोम के अस्थापनो भइल 753 ईसापूर्व आ एहिजे से रोमन साम्राज्य के इतिहास सुरू मानल जाला।
पच्छिमी संभ्यता-संस्कृति में, प्राचीन इतिहास के अंत आ मध्यकाल के सुरुआत के कई समय अलग-अलग बिद्वान लोग द्वारा मानल गइल बाड़ें। कुछ लोग 476 ईसवी में रोमन साम्राज्य के पतन (सभसे ढेर चलनसार) के,[1][2] कुछ लोग 529 ईसवी में प्लेटो के एकेडमी के बंद होखे के,[3] कुछ लोग 565 AD में सम्राट जस्टिनियन प्रथम के निधन के,[4] कुछ लोग इस्लाम के आगमन के[5] आ कुछ लोग शार्लेमेन के उठान के[6] यूरोप में क्लासिकल भा प्राचीन इतिहास के दौर के अंत माने ला। भारत में, प्राचीन इतिहास में मौर्य काल के बाद आ दिल्ली सल्तनत के उदै से पहिले मौजूद मध्यकाल के राज सभ के गिने ला,[7][8][9] आ चीन के इतिहास में प्राचीन इतिहास के काल क्विन बंस के शासन काल ले मानल जाला।[10][11]
तीन-युग प्रणाली (थ्री-एज सिस्टम) के तहत खुद प्राचीनो इतिहसवा के काल के तीन हिस्सा में बाँट लिहल जाला—पाषाण युग (पत्थर जुग भा स्टोन एज), कांस्य युग (काँसा के जुग भा ब्रोंज एज) आ लोहा युग (आइरन एज)। आमतौर पर लिखित इतिहास के शुरुआत कांस्य युग से मानल जाला। तीनु युग के शुरुआत आ अंत दुनिया के अलग-अलग इलाका में अलग-अलग समय पर भइल। बहुत इलाका में कांस्य युग के शुरुआत आमतौर पर 3000 ईसा पूर्व से कुछ सदी पहिले मानल जाला। जबकि लोहा युग के अंत कुछ इलाका में पहिलकी सहस्राब्दी ईसा पूर्व के शुरुआत से लेके दुसर इलाका में पहिलकी सहस्राब्दी ईस्वी के आखिरी दौर तक अलग-अलग समय पर भइल।[12]
प्राचीन इतिहास के दौर में नवपाषाण क्रांति (नियोलिथिक रिवोल्यूशन) तेजी से आगे बढ़ रहल रहे, आ एह कारण दुनिया के आबादी घातांकीय गति (एक्सपोनेंशियल ग्रोथ) से बढ़त गइल। 10,000 ईसा पूर्व में दुनिया के आबादी अनुमानित रूप से करीब 20 लाख रहे, जे 3000 ईसा पूर्व तक बढ़ के 4.5 करोड़ हो गइल। 1000 ईसा पूर्व के लोहा युग तक दुनिया के आबादी बढ़ के करीब 7.2 करोड़ हो गइल रहे। प्राचीन काल के अंत, माने की करीबन 500 ईस्वी तक दुनिया के आबादी करीब 20.9 करोड़ होखे के अनुमान बा। एह तरह 10,500 बरिस के अवधि में दुनिया के आबादी लगभग 100 गुना बढ़ गइल।[13]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Clare, I. S. (1906). Library of universal history: containing a record of the human race from the earliest historical period to the present time; embracing a general survey of the progress of mankind in national and social life, civil government, religion, literature, science and art. New York: Union Book. Page 1519 (cf., Ancient history, as we have already seen, ended with the fall of the Western Roman Empire; [...])
- ↑ United Center for Research and Training in History. (1973). Bulgarian historical review. Sofia: Pub. House of the Bulgarian Academy of Sciences]. Page 43. (cf. ... in the history of Europe, which marks both the end of ancient history and the beginning of the Middle Ages, is the fall of the Western Roman Empire.)
- ↑ Hadas, Moses (1950). A History of Greek Literature. Columbia University Press. p. 273. ISBN 0-231-01767-7.
- ↑ Robinson, C. A. (1951). Ancient history from prehistoric times to the death of Justinian. New York: Macmillan.
- ↑ Breasted, J. H. (1916). Ancient times, a history of the early world: an introduction to the study of ancient history and the career of early man. Boston: Ginn and Company.
- ↑ Myers, P. V. N. (1916). Ancient History. New York [etc.]: Ginn and company.
- ↑ Elphinstone, M. (1889). The History of India. London: Murray.
- ↑ Smith, V.A. (1904). The Early History of India from 600 B.C. to the Muhammadan Conquest, including the Invasion of Alexander the Great. Oxford: Clarendon Press.
- ↑ Hoernle, A. F. R., & Stark, H.A. (1906). A History of India. Cuttack: Orissa mission Press.
- ↑ Foster, S. (2007). Adventure Guide. China. Hunter travel guides. Edison, NJ: Hunter Publishing. p. 6-7 (cf., "Qin is perceived as 'China's first dynasty' and [... developed] writing.)
- ↑ Gernet, J. (1996). A History of Chinese Civilization. Cambridge: Cambridge University Press.
- ↑ "The Development of the Three-Age System". Rundetaarn (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-07-06.
- ↑ Data Archived 10 दिसंबर 2019 at the Wayback Machine from History Database of the Global Environment. Archived 27 फरवरी 2018 at the Wayback Machine K. Klein Goldewijk, A. Beusen and P. Janssen, "HYDE 3.1: Long-term dynamic modeling of global population and built-up area in a spatially explicit way", from table on p. 2, Netherlands Environmental Assessment Agency (MNP), Bilthoven, The Netherlands.
| ई इतिहास-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |