प्रयोगकर्ता:Akpareraj
Appearance
|
Akpareraj जी ए समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन क परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त ज्ञानकोष हवे, जेवन ज्ञान बाँटे खातिर तैयार रहे वाला दुनिया भर की योगदान करे वाला भईया बहिनिन द्वारा लिखल जाला। ए समय ए परियोजना में 39,677 शामिल सदस्य लोग बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं। विकिपीडिया से सम्बन्धित कई तरह क सवाल जेवन रउँआ की मन में होई ओकर जबाब अक्सर पूछल जाए वाला प्रश्न में मिल जाई। आशा इहे बा कि रउँआ इस परियोजना में नियमित रूप से शामिल होकर भोजपुरी भाषा में ज्ञान के संरक्षित करे में आपन योगदान देइब। एक बेर फिर से बहुत धन्यवाद आ स्वागत बा।
विकिपीडिया की सारा नीति-नियमन का सार-तत्व एकरी पाँच गो आधार में बा। एकरी अलावा कुछ अउरी मेन-मेन बाति जेवन धियान में रक्खे लायक बा ऊ नीचे दिहल जात बा: *अपनी खुद की बारे में लेख मत बनाईं। अपने बारे में रउँआ कुछ संछेप में जानकारी अपनी सदस्य पन्ना पर दे सकत बाड़ीं । अपनी सदस्य पन्ना पर अपना फोटो सकत बाड़ीं। *कौनो पन्ना पर मनमाना ढंग से कौनो चीज चाहे अपनी इंटरनेट पन्ना क लिंक मत डालीं। पहिले से बनल लेखन में कौनो संपादन खाली टेस्ट करे खातिर मत करीं। कौनों तरह का परीक्षण अपनी प्रयोगपन्ना पर करीं। ओहिजा रउँआ परीक्षण करे खातिर स्वतन्त्र बाड़ीं। *अगर रउँआ कौनो चित्र/फोटो के अपलोड करत हैं, त ओकर लाइसेंस विकल्प ज़रूर देंईं। मुक्त लाइसेंस की अभाव में ऊ फोटो विकिपीडिया से हटा दिहल जाला। इंटरनेट पर उपलब्ध फोटो कुल के तौले इहाँ मत चढ़ाईं, जवले ई निश्चित न होखे की ओकर लाइसेंस सब जगह बाँटे खातिर बा कि ना चाहे ओकरी मालिक से ए काम खातिर लिखित अनुमति न ले लिहले होंखीं। अगर रउँआ के कौनो फोटो क जरूरति बा त ओके पहिले विकिमीडिया कॉमन्स में खोजीं आ ओ फोटो के ओही नाँव से बिना इहाँ अपलोड कइले भोजपुरी विकिपीडिया की कौनो भी लेख में प्रयोग कर सकते हैं। विकिमीडीया कॉमन्स में 1 करोड़ से भी अधिका मीडिया उपलब्ध बा। *सम्पादन में चाहे कौनों सदस्य से वार्ता करत घरी आपन भाषा-बानी शिष्टाचार वाला रखीं। जे केहू इहाँ सदस्य बा ऊ सब लोग इहाँ आपन अनमोल समय में से कुछ समय भोजपुरी भाषा खातिर लगावत बा। अइसना में केहू खातिर अपशब्द बोलल चाहे उदंडता देखावल भोजपुरी खातिर ठीक ना होई। आपन जिम्मेवारी समझीं। *चौपाल में आ लेख या सदस्य की बातचीत वाला पन्ना पर सन्देश लिखले की बाद अपना दसखत/हस्ताक्षर जरूर करीं । एकरी खातिर --~~~~ लिख देंईं। |
विकिपीडिया में योगदान दिहला क कई गो तरीका बा। आप कौनो बिषय पर लेख बनावल शुरू कर सकत हईं। जदि ओ बिषय पर पहिले से लेख बनल बा, त रउँआ ओ में कुछ अउरी जानकारी जोड़ सकत बाड़ीं। आप से बनल लेखन क भाषा सुधार सकत बाड़ीं। आप ओकरी प्रस्तुतीकरण के अउरी नीमन से स्पष्ट आ ज्ञानकोश की लायक बना सकत बाड़ीं। आप ओ में साँचा, संदर्भ, श्रेणी, फोटो जोड़ सकत बाड़ीं। योगदान से संबंधित कुछ महत्वपूर्ण कड़ी नीचे दिहल जात बा: :: | |
| (अगर रउआं के कौनो तरह क सहायता चाहीं त विकिपीडिया:चौपाल पर चर्चा करीं। आशा बा की रउआं के विकिपीडिया पर आनंद आई आ रउवाँ विकिपीडिया के सक्रिय सदस्यबनल रहब!) |
--सरोज(Saroj) (कुरा गर्ने) १९:२५, ५ नवम्बर २०१४ (UTC)
