पी जी कालेज, गाजीपुर

विकिपीडिया से
पोस्ट ग्रेजुएट कालेज, गाजीपुर
पी॰ जी॰ कॉलेज
स्थापना1957 (1957)
संबद्धतापूर्वांचल विश्वविद्यालय
लोकेशनगाजीपुर, उत्तर प्रदेश, भारत
वेबसाइटwww.pgcghazipur.co.in

गाजीपुर पी॰ जी॰ कॉलेज, उत्तर प्रदेश के गाजीपुर शहर में एगो पोस्ट ग्रेजुएट कॉलेज बा। शहर के सभसे पहिला कॉलेज हवे आ पूरबी हिस्सा में मौजूद एह कालेज के अस्थापना 1957 में भइल। पहिले ई गोरखपुर यूनिवर्सिटी से संबद्ध रहल, आजकाल्ह ई पूर्वांचल विश्वविद्यालय जौनपुर से जुड़ल बा। कला (आर्ट्स), साइंस, कामर्स आ एग्रीकल्चर, एह चार शाखा में इहाँ पढ़ाई होला आ ई इलाका के परतिष्ठित कालेज मानल जाला।