गाजीपुर पी॰ जी॰ कॉलेज, उत्तर प्रदेश के गाजीपुर शहर में एगो पोस्ट ग्रेजुएट कॉलेज बा। शहर के सभसे पहिला कॉलेज हवे आ पूरबी हिस्सा में मौजूद एह कालेज के अस्थापना 1957 में भइल। पहिले ई गोरखपुर यूनिवर्सिटी से संबद्ध रहल, आजकाल्ह ई पूर्वांचल विश्वविद्यालय जौनपुर से जुड़ल बा। कला (आर्ट्स), साइंस, कामर्स आ एग्रीकल्चर, एह चार शाखा में इहाँ पढ़ाई होला आ ई इलाका के परतिष्ठित कालेज मानल जाला।