पाण्डेय कपिल
पाण्डेय कपिल | |
---|---|
जनम | पाण्डेय कपिलदेव नारायण सिन्हा सितंबर 30, 1930 |
निधन | नवंबर 2, 2017 | (उमिर 87)
पेशा | अनुवादक, राजभाषा उपनिदेशक (राजभाषा बिभाग, बिहार सरकार) |
भाषा | भोजपुरी |
महतारी संस्था | काशी विश्वविद्यालय, बिहार विश्वविद्यालय |
प्रमुख रचना | फुलसुंघी (उपन्यास) |
पाण्डेय कपिलदेव नारायण सिन्हा (24 सितंबर 1930 — 2 नवंबर 2017)[1], जिनका पाण्डेय कपिल नाँव से जानल जाला, भोजपुरी भाषा के एगो साहित्यकार रहलें। उनुका के भोजपुरी साहित्य के परसिद्ध रचना फुलसुंघी उपन्यास खाती आ भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका के संपादक के रूप में जानल जाला। एकरा अलावे ऊ बिबिध बिधा सभ के रचना कइलें आ भोजपुरी साहित्य के समृद्ध बनावे में योगदान कइलें। पाण्डेय के भोजपुरी अकादमी पुरस्कार आ अउरी कई गो पुरस्कार मिलल रहलें।
जिनगी
[संपादन करीं]पाण्डेय कपिल के जनम बिहार के सारन जिला के शीतलपुर (वाया बरेजा) गाँव में 24 सितंबर 1930 के भइल।[1] उनुके बाबूजी पाण्डेय जगन्नाथ प्रसाद सिंह खुद भोजपुरी के लेखक रहलें आ महतारी लालचुन्नी देवी एगो कुशल शिल्पी रहली। पाण्डेय के पढ़ाई-लिखाई काशी विश्वविद्यालय (बीए), बिहार विश्वविद्यालय (एमए, हिंदी साहित्य) में भइल आ बिहार सरकार के राजभाषा बिभाग में अनुवादक के रूप में नोकरी शुरू कइलें आ ओहिजे से राजभाषा उपनिदेशक के रूप में रिटायर भइलें।[1]
2 नवंबर 2017 के पाण्डेय के पटना स्थित आवास पर, लमहर बेमारी आ इलाज के बाद, निधन भ गइल।[2]
रचना
[संपादन करीं]मौलिक
[संपादन करीं]- आभास (हिंदी कविता संग्रह)
- फूल और कलियाँ (लड़िकन खातिर हिंदी कविता संग्रह)
- हीरे के टुकडे (बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह)
- हवा और पानी (बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह)
- नवीन सुबोध व्याकरण (हिंदी व्याकरण)
- भोर हो गइल (भोजपुरी कविता संग्रह)
- फुलसुंघी (भोजपुरी उपन्यास)
- कह ना सकलीं (भोजपुरी गजल संग्रह)
- जीभ बेचारी का कही (भोजपुरी दोहा संग्रह)
- परिन्दा उड़ान पर (भोजपुरी गजल संग्रह)
- दुनिया के शतरंज बिछल बा (कविता संग्रह)
अनुबाद
[संपादन करीं]- आरा में दो मास (जान जेम्स हाल्स लिखित ' दू मंथ्स इन आरा इन 1857 ' के हिंदी अनुवाद)
संपादित
[संपादन करीं]- नवांजलि (नौ गो युवा कवियन के हिंदी कविता संग्रह)
- सारण्यक (सारन जिला के बारह वयोवृद्ध कवियन के हिंदी कविता के प्रतिनिधि संकलन)
- आचार्य महेंद्र शास्त्री: कृतित्व एवँ व्यक्तित्व (आचार्य महेंद्र शास्त्री के कृतित्व आ व्यक्तित्व पर विविध लेखकन के 92 गो लेख के आउर महेंद्र शास्त्री के हिंदी आ भोजपुरी के 175 कवितन के संग्रह)
- दसरतन (विविध लेखकन के लिखल दस गो व्यक्तिपरक निबंधन के संग्रह)
- योग रामायण (योगी आत्माराम के लिखल योग-विवेचन)
- एक मुठ्ठी लाई (लघुकथा -संकलन)
- भोजपुरी कहानी हाल साल के (कहानी संकलन)
- भोजपुरी सतसई (दोहा संकलन)
- धार के खिलाफ (भोजपुरी गीत संकलन)
- पत्रिका
- भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका, अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 1.2 द्विवेदी, भगवती प्रसाद (15 जनवरी 2022). "भोजपुरी के भगीरथ: पाण्डेय कपिल जिनिगी के जीयल हऽ बड़की लड़ाई". न्यूज़18 हिंदी (हिंदी में). Retrieved 23 अगस्त 2023.
- ↑ "भोजपुरी के शलका पुरुष कपिल पांडेय का हुआ निधन". हिंदुस्तान (हिंदी में). 2 नवंबर 2017. Retrieved 23 अगस्त 2023.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- पाण्डेय कपिल, लेखक परिचय, पेंगुइन रैंडम हाउस इंडिया के वेबसाइट प।
- फुलसुंघी के समीक्षा
- पांडे कपिल की फूलसुंघी की दुनिया, फस्टपोस्ट पर।
- पाण्डेय कपिल, भोजपुरी साहित्यांगन प।