Jump to content

पर्सनल कंप्यूटर

विकिपीडिया से
2000 के दशक के जमाना के एगो डेस्कटॉप कंप्यूटर के आर्टिस्टिक रचना।

पर्सनल कंप्यूटर, जेकरा के बहुधा पीसी कहल जाला, अइसन कंप्यूटर हवें जे केहू एक बेकति के इस्तेमाल के धियान में रख के डिजाइन कइल गइल होलें। इनहन के टिपिकल इस्तेमाल वर्ड प्रोसेसिंग, इंटरनेट ब्राउजिंग, ईमेल करे, मल्टीमीडिया प्ले करे, आ गेमिंग खातिर होला। इनहन के मकसद डाइरेक्ट एंड यूजर द्वारा इस्तेमाल होला। एक्सपर्ट आ टेक्नीशियन लोगन खाती बेसी छमता वाला कंप्यूटर होखे लें। पुराना समय में इनहन खातिर 'होम कंप्यूटर' (घरेलू कंप्यूटर) टर्म के इस्तेमाल भी भइल। पर्सनल कंप्यूटर सभ के आवे से डिजिटल क्रांति के बढ़ावा मिलल आ कंप्यूटर आम लोगन के जिनगी के हिस्सा बन गइलें, लगभग सगरी देसन में।

1990 के दशक के सुरुआत से माइक्रोसॉफ्ट ऑपरेटिंग सिस्टम (पहिले एमएस-डॉस आ फिर विंडोज के साथ) आ इंटेल हार्डवेयर – जेकरा के सामूहिक रूप से "विंटेल" कहल जाला – पर्सनल कंप्यूटर बाजार में हावी रहल बा आ आजु "पीसी" शब्द आमतौर पर सर्वव्यापी विंटेल प्लेटफार्म के कहल जाला। विंडोज के विकल्प बाजार में कुछ मामूली हिस्सा पर हिस्सेदारी करे ला; इनहन में एप्पल के मैक प्लेटफार्म (मैकओएस ऑपरेटिंग सिस्टम चलावे वाला), आ फ्री आ ओपन-सोर्स, यूनिक्स नियर ऑपरेटिंग सिस्टम, जइसे कि लिनक्स, सामिल बाड़ें। 1990 के दशक ले अउरी उल्लेखनीय प्लेटफार्म सभ में कमोडोर के अमीगा, आ एनईसी के पीसी-98 रहलें।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]