Jump to content

माइक्रोसॉफ्ट विंडोज़

विकिपीडिया से
(विंडोज से अनुप्रेषित)

माइक्रोसॉफ्ट विंडोज (Microsoft Windows) एगो प्रोपराइटरी ग्राफिकल ऑपरेटिंग सिस्टम सभ के प्रोडक्ट लाइन हवे जे माइक्रोसॉफ्ट कंपनी द्वारा डेवेलप कइल गइल ह आ इहे कंपनी एकर मार्केटिंगवो करे ले। एकर सभसे हाल के प्रोडक्ट, 2024 ले, विंडोज़ 11 बाटे जे आम कंज्यूमर लोगन खातिर जारी कइल गइल बाटे; एकरा अलावे वर्कस्टेशन खाती विंडोज़ सर्वर आ विंडोज़ आइओटी (एम्बेडेड सिस्टम खातिर) बाड़ें।

एकर पुरान आ बेकार हो चुकल फेमिली सभ में विंडोज़ 9एक्स, विंडोज़ मोबाइल, विंडोज़ फोन, आ विंडोज़ एम्बेडेड बाड़ें।

विंडोज़ के पहिला वर्शन 20 नवंबर 1985 के रिलीज कइल गइल रहल जे एमएस-डॉस खातिर शेल के रूप में रहल, काहें से कि एह दौर में ग्राफिकल यूज़र इंटरफेस में लोगन के इन्ट्रेस्ट बढ़ रहल रहे।