Jump to content

माइक्रोसॉफ्ट विंडोज़

विकिपीडिया से

माइक्रोसॉफ्ट विंडोज (अंग्रेजी: Microsoft Windows) एगो प्रोपराइटरी ग्राफिकल ऑपरेटिंग सिस्टम सभ के प्रोडक्ट लाइन हवे जे माइक्रोसॉफ्ट कंपनी द्वारा डेवेलप कइल गइल ह आ इहे कंपनी एकर मार्केटिंगवो करे ले। एकर सभसे हाल के प्रोडक्ट, 2024 ले, विंडोज़ 11 बाटे जे आम कंज्यूमर लोगन खातिर जारी कइल गइल बाटे; एकरा अलावे वर्कस्टेशन खाती विंडोज़ सर्वर आ विंडोज़ आइओटी (एम्बेडेड सिस्टम खातिर) बाड़ें।

एकर पुरान आ बेकार हो चुकल फेमिली सभ में विंडोज़ 9एक्स, विंडोज़ मोबाइल, विंडोज़ फोन, आ विंडोज़ एम्बेडेड बाड़ें।

विंडोज़ के पहिला वर्शन 20 नवंबर 1985 के रिलीज कइल गइल रहल जे एमएस-डॉस खातिर शेल के रूप में रहल, काहें से कि एह दौर में ग्राफिकल यूज़र इंटरफेस में लोगन के इन्ट्रेस्ट बढ़ रहल रहे।