एप्पल इंक.

एप्पल इंक. (Apple Inc.) एप्पल इंक. एगो अमेरिकन मल्टीनैशनल टेक्नोलॉजी कंपनी हवे जेकर हेडक्वार्टर क्यूपर्टिनो, कैलिफोर्निया, सिलिकॉन वैली में बा। ई कंपनी अपना कंज्यूमर इलेक्ट्रॉनिक्स, सॉफ्टवेयर आ ऑनलाइन सर्विस खातिर जानल जाला; एहू में ई कंपनी स्मार्टफोन आइफोन, टेबलेट आइपैड, आ कंप्यूटर मैकिन्टोश खातिर सबसे जादे जानल जाले।। 1976 में एप्पल कंप्यूटर कंपनी नाम से एकर स्थापना स्टीव जॉब्स, स्टीव वॉज़नियाक आ रोनाल्ड वेन कइले रहलें। अगिला साल जॉब्स आ वॉज़नियाक एकरा के एप्पल कंप्यूटर, इंक. के रूप में इनकॉरपोरेट कइलें। 2007 में कंपनी अपना फोकस कंप्यूटर से बढ़ा के कंज्यूमर इलेक्ट्रॉनिक्स पर कर लिहलस आ आपन नाम बदल के एप्पल इंक. रख लिहलस। एप्पल आज के समय में बिग टेक कंपनी सभ में से एक मानल जाला।
कंपनी के स्थापना 1976 में वॉज़नियाक के बनावल एप्पल वन पर्सनल कंप्यूटर के बाजार में ले आवे खातिर भइल रहे। ओकर अगिला मॉडल एप्पल टू रहे, जवन पहिला सफल बड़ पैमाना पर बनल माइक्रो कंप्यूटरन में से एक बन गइल। 1983 में एप्पल लीसा लॉन्च कइलस आ 1984 में मैकिन्टॉश पेश कइलस। ई दुनो कंप्यूटर शुरुआती मशीनन में से रहलें जे ग्राफिकल यूजर इंटरफेस आ माउस के इस्तेमाल कइलें। 1985 तक अंदरूनी झगड़ा के चलते स्टीव जॉब्स कंपनी छोड़ के नेक्स्ट शुरू कइलें आ वॉज़नियाक दोसरा काम में लग गइलें; जॉन स्कली दस बरिस से जादे समय तक सीईओ रहलें।
1990 के दशक में एप्पल पर्सनल कंप्यूटर इंडस्ट्री में अपना बड़ हिस्सा के नोकसान क चुकल रहे, काहे कि कम दाम वाला विंटेल सिस्टम—इंटेल से चले वाला पीसी क्लोन जे माइक्रोसॉफ्ट विंडोज पर चलत रहे—बजार पर हावी हो गइल, आ 1997 तक कंपनी दिवालिया होखे के कगार पर पहुँच गइल। बाजार रणनीति बदले खातिर एप्पल नेक्स्ट के खरीद लिहलस, एहसे जॉब्स फिर से कंपनी में वापस आ गइले। उनकर अगुआई में एप्पल फेर से मुनाफा में आइल। कंपनी आईमैक, आईपॉड, आईफोन आ आईपैड जइसन डिवाइस लॉन्च कइलस; आईट्यून्स स्टोर बनवलस; “थिंक डिफरेंट” नाम के विज्ञापन अभियान शुरू कइलस; आ एप्पल स्टोर रिटेल चेन खोले लगल। 2011 में स्टीव जॉब्स सेहत के कारण इस्तीफा दे दिहलें आ दू महीना बाद उनकर निधन हो गइल; ओकरा बाद टिम कुक सीईओ बनलें।
एप्पल के प्रोडक्ट लाइनअप में पोर्टेबल आ घर में इस्तेमाल होखे वाला हार्डवेयर शामिल बा, जइसे आईफोन, आईपैड, एप्पल वॉच, मैक, एप्पल विजन प्रो, एयरपॉड्स आ एप्पल टीवी। कंपनी के खुद के बनावल कई ऑपरेटिंग सिस्टम भी बा, जइसे आईओएस, आईपैडओएस आ मैकोएस। एह अलावा कई सॉफ्टवेयर आ सर्विस भी बा, जइसे एप्पल पे आ आईक्लाउड, साथे मल्टीमीडिया स्ट्रीमिंग सर्विस जइसे एप्पल म्यूजिक आ एप्पल टीवी।
2011 से एप्पल अधिकतर समय दुनिया के सबसे बड़ कंपनी रहल बा, अगर मार्केट कैपिटलाइजेशन के मामिला में देखल जाय। 2024 तक के हिसाब से ई रेवेन्यू के आधार पर सबसे बड़ मैन्युफैक्चरिंग कंपनी बा, पर्सनल कंप्यूटर बेचे में चौथा नंबर पर बा, टैबलेट कंप्यूटर के सबसे बड़ा विक्रेता बा, आ मोबाइलो फोन बेचे में सबसे आगे बा। 2018 में एप्पल पहिला सार्वजनिक रूप से ट्रेड होखे वाला अमेरिकी कंपनी बनल, जवन के कीमत एक ट्रिलियन डॉलर से ऊपर पहुँचल। अक्टूबर 2025 तक कंपनी के वैल्यू चार ट्रिलियन डॉलर से कुछ बेसिये आँकल गइल बा।
| ई कॉर्पोरेशन भा कंपनी संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |