पनीर
Appearance
Paneer | |
| दूसर नाँव | पनीर, छेना, पोनीर |
|---|---|
| किसिम | चीज़ |
| उत्पत्ती अस्थान | भारतीय उपमहादीप |
| मुख्य सामग्री | फारल दूध |
| बेसी जानकारी | दूध के प्रोटीन के बेहतरीन स्रोत |
पनीर दूध के फार के बनावल जाए वाला एगो आइटम हवे जे बिबिध किसिम के पकवान बनावे में इस्तेमाल होला। ई यूरोपियन चीज़ के नियर होखे वाला भारतीय आइटम हवे। एक तरह से ई छेना के लगभग ठोस रूप हवे जबकि छेना मोलायम होला आ एही के दबा के पानी निकाल दिहले के बाद जम जाए पर पनीर बने ला।
पनीर भारतीय पकवान सभ में कई किसिम के पकवानन में इस्तेमाल होला जेह में बिबिध सब्जी आ करी के आइटम सामिल बाने। मटर पनीर, शाही पनीर, पालक पनीर, कड़ाही पनीर, पनीर बटर मसाला वगैरह एह सब में मुख्य बाने। एकरे अलावे पनीर के पकौड़ा आ परवठा भी बने ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई खाना-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |