नैनी ताल

विकिपीडिया से
नैनी ताल
तल्लीताल से झील के एगो सीन
नैनी ताल is located in Uttarakhand
नैनी ताल
नैनी ताल
लोकेशननैनीताल, कुमाऊँ डिवीजन, भारत
निर्देशांक29°23′15″N 79°27′27″E / 29.38750°N 79.45750°E / 29.38750; 79.45750निर्देशांक: 29°23′15″N 79°27′27″E / 29.38750°N 79.45750°E / 29.38750; 79.45750
प्रकारप्राकृतिक फ्रेशवाटर झील
थाला के देसभारत
अधिकतम लंबाई1,432 मी (4,698 फीट)
अधिकतम चौड़ाई457 मी (1,499 फीट)
सतह क्षेत्र48.76 हे (120.5 एकड़)
अधिकतम गहिराई30.3 मी (99 फीट)
जलनिवास समय1.16 years
सतह ऊँचाई1,938 मी (6,358 फीट)
आबादीनैनीताल
Map

नैनीताल भा नैनी ताल उत्तराखंड में एगो ताल (झील) बाटे। ई नैनीताल शहर में बाटे जेकर नाँव एही के नाँव पर पड़ल हवे। ई कुमाऊँ क्षेत्र के कईयन गो झील सभ में से एगो प्रमुख झील हवे जे एह इलाका आ उत्तराखंड राज्य के एगो प्रमुख पर्यटक आकर्षण हवे। एही के चलते नैनीताल शहर के हिल स्टेशन के रूप में ब्रिटिश लोग द्वारा बसावल गइल आ ई शहर संजुक्त प्रांत (यूनाइटेड प्रोविंस) के गर्मी के सीजन के राजधानियो रहल करे।

नैनी झील, बगल में नैना देवी मंदिर आ बगले में मौजूद नैना चोटी, सभ मिल के एह इलाका के लोक जिनगी आ संस्कृति के हिस्सा हवे।