Jump to content

नुनावुट

विकिपीडिया से
Nunavut
Inuktitut syllabics ᓄᓇᕗᑦ
Flag of NunavutCoat of arms of Nunavut
Location of Nunavut
Coordinates: 70°10′00″N 90°44′00″W / 70.16667°N 90.73333°W / 70.16667; -90.73333निर्देशांक: 70°10′00″N 90°44′00″W / 70.16667°N 90.73333°W / 70.16667; -90.73333
Area
  Total2,038,722 किमी2 (787,155 बर्ग मील)
  Land1,877,787 किमी2 (725,018 बर्ग मील)
  Water160,935 किमी2 (62,137 बर्ग मील)
  Rank1st
Population
 (2016)
  Total35,944
  Estimate 
(Q4 2021)
39,589
  Rank12th
ISO 3166 codeCA-NU
Websitewww.gov.nu.ca

नुनावुट कनाडा के सभसे बड़हन आ सभसे उत्तरी राज्यक्षेत्र हवे; ई कनाडा के तेरह गो प्रांत आ टेरिटरी सभ में सामिल बा। एकरा के 1 अप्रैल 1999 के नार्थवेस्ट टेरिटरी से अलगा क के बनावल गइल आ इनुइट लोगन खातिर एगो आजाद सरकार बनावे के मोका मिलल। एकरे सीमा के 1993 में निश्चित कइल गइल आ एह टेरिटरी के निर्माण कनाडा के नक्शा में एगो भारी बदलाव रहल।

नुनावुट टेरिटरी में कनाडा के जादेतर उत्तरी इलाका आ आर्कटिक क्षेत्र के टापू सभ आवे लें। ई एगो बड़हन साइज के राज्यक्षेत्र हवे जे रकबा के हिसाब से दुनियाँ के पाँचवा सभसे बड़हन देस उप बिभाग हवे आ उत्तरी अमेरिका महादीप के अइसन दुसरा सभसे बड़ देस उपबिभाग हवे, ग्रीनलैंड के बाद। एकर राजधानी इकालुइट (जेकरा पहिले फ्रोबिशर बेय कहल जाय), बैफिन दीप पर बाटे आ एकरा के एगो जनमत संग्रह द्वारा 1995 में राजधानी बनावे खातिर बीछल गइल। अउरी महत्व के जगह सभ में रान्किन इनलेट आ कैंब्रिज बेय बाड़ें।

नुनावुट में एलेस्मेयर दीप सबसे उत्तर में बा, पूरुब में विक्टोरिया दीप बाटे आ हडसन खाड़ी, जेम्स खाड़ी, आ उन्गवा खाड़ी के सगरी दीप एह में सामिल बाड़ें। ई कनाडा के अइसन भूराजनीतिक प्रदेश हवे जे बाकी के उत्तर अमेरिका से हाइवे द्वारा ना जुड़ल बाटे।

नुनावुट में आबादी बहुते कम बाटे आ ई कनाडा के प्रांत आ टेरिटरी सभ में सभसे कम आबादी वाली टेरिटरी हवे। ई दुनिया के सबसे दूर रिमोट एरिया सब में से एक हवे आ सभसे बीरर बसल इलाका सब में गिनल जाला। एगो अनुमान के हिसाब से इहाँ के कुल आबादी 39,589 बाटे (2021 के अनुमान, 2016 में जनगणना में 35,944 रहल) जेह में मुख्य रूप से इनुइट लोग बाड़ें; जबकि एकर कुल रकबा 1,877,787 किमी2 (2.021233×1013 वर्ग फु) बाटे जे मैक्सिको के तुलना में कुछे कम बा (अगर पानी के क्षेत्र के हटा दिहल जाय)। नुनावुट में बिस्व के सभसे उत्तर में बसल परमानेंट बस्ती अलर्ट बाटे। एलेस्मेयर टापू पर मौजूद मौसम इस्टेशन कनाडा के सभसे कम तापमान (औसत सालाना) रिकार्ड करे वाला जगह हवे।

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named census2016