Jump to content

नितिन गडकरी

विकिपीडिया से
नितिन गडकरी
साल 2023 में गडकरी
सड़क परिवहन आ हाइवे मंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
26 May 2014
राष्ट्रपतिप्रणब मुखर्जी
रामनाथ कोविंद
द्रौपदी मुर्मू
प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी
इनसे पहिलेऑस्कर फर्नांडीज
निजी जानकारी
जनम (1957-05-27) 27 मई 1957 (उमिर 67)
नागपुर, बंबई स्टेट (आज के महाराष्ट्र), भारत
राजनीतिक पार्टीभारतीय जनता पार्टी
जीवनसाथीकंचन गडकरी
संतान3 (2 बेटा आ 1 बेटी)
पढ़ाई
  • एम.कॉम
  • एल.एल.बी.
महतारी संस्थानागपुर विश्वविद्यालय
अकुपेशन
  • बिजनेसमैन
  • राजनीतिक नेता
वेबसाइटnitingadkari.org.in

नितिन जयराम गडकरी (जनम 27 मई 1957) महाराष्ट्र के एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़न[1] जे भारत सरकार में सड़क परिवहन आ हाइवे खातिर 40वाँ मंत्री के रूप में काम करत बाड़ें।[2] ऊ सड़क परिवहन आ हाइवे मंत्रालय के सभसे लंबा समय ले काम करे वाला मंत्री भी बाड़ें जे वर्तमान में नौ साल से ढेर समय से आपन कार्यकाल चला रहल बाड़ें।[3] एकरा पहिले गडकरी 2009 से 2013 ले भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष रह चुकल बाड़न।[4]

फिलहाल उ लोकसभा में नागपुर क्षेत्र के प्रतिनिधित्व करत बाड़न जबकि पेशा से वकील आ बिजनेसमैन हवें। एकरा से पहिले उ अउरी कई मंत्रालय सब में मंत्री के रूप में रह चुकल बाड़न जइसे की - जल संसाधन अवुरी नदी विकास, जहाजरानी, ​​ग्रामीण विकास अवुरी एमएसएमई। 7 जुलाई 2021 के मंत्रिमंडल फेरबदल के दौरान एमएसएमई मंत्रालय जवन उनुका अधीन रहे ओकरा के मंत्रिमंडल विस्तार के हिस्सा के तौर प महाराष्ट्र से भाजपा के एगो अवुरी सांसद नारायण राणे के फेर से सौंपल गइल। नरेंद मोदी के तिसरा मंत्रिमंडल में गडकरी फेरु से सड़क परिवहन आ हाइवे मंत्रालय के मंत्री के रूप में 9 जून 2024 के शपथ लिहलन।

मुंबई-पुणे एक्सप्रेसवे के सुरुआत आ एक्सप्रेसवे आ अउरी सड़क बुनियादी ढांचा के बिकास में योगदान के कारण मीडिया द्वारा अक्सर इनके "भारत के एक्सप्रेसवे मैन" कहल जाला।[5][6] वर्ल्ड इकोनॉमिक फोरम इनके "भारत में सड़क क्षेत्र में पब्लिक-प्राइवेट पार्टनरशिप (पीपीपी) के अगुआ" के रूप में मान्यता देले बा।[7] सड़क आ परिवहन मंत्री के रूप में उनुका कार्यकाल में भारतीय राजमार्ग नेटवर्क में 9 साल के भीतर 59% के बढ़ोतरी भइल।[8]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Nagpur Election Results 2019: Nitin Gadkari defeats Congress's Nana Patole". Archived from the original on 1 June 2019. Retrieved 1 June 2019.
  2. "Rajnath steps down, Gadkari takes over as BJP president". The Times of India. Archived from the original on 25 October 2012. Retrieved 1 July 2013.
  3. "Highway construction's pace bulldozes pandemic barriers! Sets new record". The Financial Express (अमेरिकी अंग्रेजी में). 10 June 2021. Retrieved 14 July 2021.
  4. "Profile: Nitin Gadkari". BBC News. 23 January 2013. Archived from the original on 1 November 2018. Retrieved 20 June 2018.
  5. FPJ Web Desk (26 May 2023). "Nitin Gadkari Birthday: Must-know facts about this highly popular Indian politician". The Free Press Journal. Retrieved 21 June 2023.
  6. Sutar, Kamlesh Damodar (30 May 2019). "Nitin Gadkari, BJP's all time visionary performer | What you need to know". India Today. Retrieved 21 June 2023.
  7. "Nitin Jairam Gadkari". World Economic Forum. Retrieved 21 June 2023.
  8. "India's road network grows 59% in last 9 years: Gadkari". Mint. 27 June 2023. Retrieved 16 July 2023.