नागपंचिमी
Appearance
| नागपंचिमी | |
|---|---|
नागपंचिमी के एगो मंदिर में नाग देवता के पूजा | |
| अन्य नाँव | पचइँया |
| मनावे वाला | हिंदू |
| प्रकार | धार्मिक |
| Observances | नाग के पूजा |
| समय | सावन सुदी पंचिमी |
नागपंचिमी, नाग पंचमी चाहे पचइँया एगो हिंदू धार्मिक तेहवार हवे जे भारत, नेपाल आ अउरी कई देसन में मनावल जाला जहाँ-जहाँ हिंदू लोग निवास करत बा। ई तिहुआर हिंदू कैलेंडर के सावन महीना के अँजोर में पंचिमी तिथी के मनावल जाला। आमतौर पर ई अंग्रेजी कैलेंडर के हिसाब से जुलाई-अगस्त में पड़े ला।
एह दिन नाग के पूजा कइल जाला जेह में नाग देवता के मूर्ती पर दूध चढ़ावल प्रमुख होला। भोजपुरी इलाका में एह दिन कई जगह कुश्ती-दंगल के आयोजन भी होखे ला।
| ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |