नागपंचिमी

विकिपीडिया से
नागपंचिमी
नागपंचिमी के एगो मंदिर में नाग देवता के पूजा
अन्य नाँवपचइँया
मनावे वालाहिंदू
प्रकारधार्मिक
Observancesनाग के पूजा
समयसावन सुदी पंचिमी

नागपंचिमी, नाग पंचमी चाहे पचइँया एगो हिंदू धार्मिक तेहवार हवे जे भारत, नेपाल आ अउरी कई देसन में मनावल जाला जहाँ-जहाँ हिंदू लोग निवास करत बा। ई तिहुआर हिंदू कैलेंडर के सावन महीना के अँजोर में पंचिमी तिथी के मनावल जाला। आमतौर पर ई अंग्रेजी कैलेंडर के हिसाब से जुलाई-अगस्त में पड़े ला।

एह दिन नाग के पूजा कइल जाला जेह में नाग देवता के मूर्ती पर दूध चढ़ावल प्रमुख होला। भोजपुरी इलाका में एह दिन कई जगह कुश्ती-दंगल के आयोजन भी होखे ला।

  1. https://www.calendarlabs.com/holidays/hindu/nag-panchami.php
  2. https://www.calendarlabs.com/holidays/hindu/nag-panchami.php