नरेंद्र सिंह नेगी

विकिपीडिया से
नरेंद्र सिंह नेगी
सामान्य जानकारी
जनम (1949-08-12) 12 अगस्त 1949 (उमिर 74)
पौड़ी, उत्तर प्रदेश, भारत
(अब उत्तराखंड, भारत)
पेशालोक गायक, संगीतकार
लेबल सभ

नरेंद्र सिंह नेगी (जनम 12 अगस्त 1949), जिनका के 'गढ़ रतन' आ 'पहाड़ियन के बॉब डिलनो' कहल जाला, गढ़वालउत्तराखंड के एगो प्रमुख लोक गायक, संगीतकार आ कवि हवें जे मुख्य रूप से गढ़वाली भाषा में गावे लें।[1][2] बतावल जाता कि ऊ 1000 से जादा गीत गवले बाड़ें।[3] उत्तराखंड के लोक संगीत के क्षेत्र में उनकर बेजोड़ काम उत्तराखंड के आवे वाला सगरी गायकन खातिर एगो प्रेरणा के चीज बाटे।[4][5][6][7][8]

पृष्ठभूमि[संपादन करीं]

नेगी के जनम पौड़ी गढ़वाल जिला, उत्तराखंड के पौड़ी कस्बा में भइल जहाँ इनके स्कूली पढ़ाइयो भइल। उनकर पिता भारतीय सेना में नायब सूबेदार रहलें। ग्रेजुएशन खातिर उ अपना चचेरा भाई अजीत सिंह नेगी के साथे रामपुर चल गइलें जे उनका के तबला सिखवलें। बचपने से इनके विभिन्न सांस्कृतिक आयोजन सभ में पारंपरिक लोक गायकन के सुनला के सउख रह।। अपना महतारी आ कस्बा के अउरी मेहरारूवन के मेहनत से प्रेरित होके ऊ आपन पहिला गीत 1974 में लिखलें।

संगीत कैरियर[संपादन करीं]

नेगी आपन पहिला स्व-रचित गीत 1974 में रिकार्ड कइलें। 1976 में नेगी आपन पहिला म्यूजिक एलबम "गढ़वाली गीतमाला" रिलीज कइलें। ई गीतमाला 10 अलग-अलग भाग में रहे। काहें से की ई गढ़वाली गीतमाला अलग अलग कंपनी के रहे एहसे उनुका एकरा के सम्हारे में दिक्कत होखत रहे। त आखिरकार ऊ अपना कैसेट के अलग अलग टाइटिल दे के रिलीज करे पर आ गइलन। उनकर पहिला एल्बम "बुरांस" नाँव के टाइटिल से आइल।

नेगी के समकालीन गीतन में 12 मात्रा के ताल के मुख्य सुरीला गीतखंड आ अनियमित चार मात्रा के ताल वाला लयबद्ध पैटर्न (जौनसारी क्षेत्र के बिसेसता) के सामिल करे के श्रेय दिहल जाला।[9] नेगी प्रेम, दुख, ऐतिहासिक घटना, सामाजिक, राजनीतिक आ पर्यावरण के मुद्दा पर गीत लिखले बाड़ें। उत्तराखंड में लोकप्रिय गायकी के लगभग हर विधा में, जइसे कि "जागर", "मंगल", "बसंती", "खुदेड़", "छोपती", चौंफुलाझुमेलो नियर गीत गवले बाड़ें। ऊ राज्य में प्रचलित गढ़वाली, कुमाऊनी, जौनसारी जइसन अलग-अलग स्थानीय भाषा में गीत गवले बाड़ें।

चक्रचाल, घरजवाई, आ मेरी गंगा होली त मैमा आली जइसन गढ़वाली सिनेमा में भी आपन आवाज देले बाड़ें। उदित नारायण, लता मंगेशकर, आशा भोंसले, पूर्णिमा, सुरेश वाडेकर, अनुराधा पौडवाल, जसपाल सहित कई ठे बॉलीवुड गायक भी उनके संगीत निर्देशन में गढ़वाली फिलिमन में गीत गा चुकल बा लोग। गढ़वाली के शौकीन साथी माधुरी बर्थवाल के साथे भी गीत गवले बाड़ें।[10]

पुरस्कार[संपादन करीं]

संगीत नाटक अकादमी 2022[संपादन करीं]

नरेंद्र सिंह नेगी के 9 अप्रैल 2022 के दिल्ली में संगीत नाटक अकादमी पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी राज्य के लोक गायक नरेंद्र सिंह नेगी के राष्ट्रीय स्तर प प्रतिष्ठित संगीत नाटक अकादमी पुरस्कार से सम्मानित होखे खाती बधाई दिहलें। ऊ कहलें कि पारंपरिक लोकगीतन के क्षेत्र में नरेंद्र सिंह नेगी के जवन सम्मान दिहल जाता ऊ राज्यो के सम्मान ह।[11][12][13][14][15]

आवाज रत्न पुरस्कार[संपादन करीं]

हिंदी दिवस (15 सितंबर 2021) के अवसर पर उत्तराखंड के लोक गायक नरेंद्र सिंह नेगी के आवाज रत्न पुरस्कार 2021 से सम्मानित कइल गइल।[16]

एल्बम सभ के लिस्ट[संपादन करीं]

एल्बम रिलीज के तारीख
कब ऐली 2022
स्याली रामदेयी 2022
बैंड बिजोरा 2022
होरी का खिलाडी 2022
कामेरा मवाड़ा 2022
यखी बासा राय जौला 2021
कुई त बात होली 2020
चली भाई मोतार चली 2005
घास्यारी 2002
हल्दी हाथ 1995
होसिया उमर 2002
जय धारी देवी 1996
कई द खोज्यानी होली 2006
माया को मुंडारो 2009
नौचम्मी नरेना 2006
नायू नायु ब्यो चा 2003
रुमुक 2005
सलन्या स्याली 2009
समदोला का द्वि दिन 2000
स्यानी 2002
ठंडो रे थांदो 2004
तू होली बीरा 2007
तुमारी माया मा 2001
उठा जाग उत्तराखंड 2017
खुद 1995
अब कठगा खईलो 2012
वा जुनाली रात एगे फिर याद 2006
टपकारा 1999
बरखा 1992
बसंत एगे 2010
ताका चान त तकताका 2007
करगिले लदईमा 1999
चिबदात 1993
गीत गंगा 2002
सुरमा सरेला 2007
चुयाल 2006
जय भोले भंडारी 2017

सिनेमा सभ के लिस्ट[संपादन करीं]

मूवी रिलीज के तारीख
चक्रचाल 1996
घरजवाई 1986
मेरी गंगा होली त मैमा आली 2004
कौथिग 1987
बतवारू 2003
चम गुंगगुरु 2005
जय धारी देवी 2006
सुबेरो घाम 2014

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Pradeep, Rawat. "Kumaouni". Merosong. Online kumaouni and Garhwali songs Radio Station. Retrieved 1 June 2016.
  2. Narendra Singh Negi उम्र, पत्नी, बच्चे, परिवार, Biography in Hindi. News Hindustan (हिंदी में). 2022-05-14. Retrieved 2022-05-15.
  3. एक फौजी बनने की चाहत से लेकर गढ़रत्न बनने तक की कहानी, देखिये कैसा रहा नेगी जी का यह स्वर्णिम सफर. Newsuttarakhand (हिंदी में). 2020-05-15. Retrieved 2022-10-15.
  4. "Saving culture is society's duty". The Statesman. Retrieved 20 February 2021.
  5. "Narendra Singh Negi's love song at the age of 71". Navbharat Times (हिंदी में). Retrieved 20 February 2021.
  6. "उत्तराखंड सरकार लोकगायक नरेंद्र सिंह नेगी को पद्म पुरस्कार के लिए संस्तुति करेगी". Navbharat Times (हिंदी में). Retrieved 10 April 2022.
  7. "Uttarakhand government to recommend Padma award for Narendra Singh Negi, says CM Pushkar Singh Dhami". Deccan Herald (अंग्रेजी में). 13 August 2021. Retrieved 10 April 2022.
  8. Desk, Hillywood (2019-10-26). "Narendra Singh Negi जी का नया गीत"जख मेरी माया रौंदी" हुआ रिलीज". Hillywood News : Entertainment gossips (अमेरिकी अंग्रेजी में). Retrieved 2022-07-11.
  9. Tanvir, Kuhu (June 2018). "Book Review: Jayson Beaster-Jones and Natalie Sarrazin (Eds), Music in Contemporary Indian Film: Memory, Voice, Identity". BioScope: South Asian Screen Studies. 9 (1): 108–110. doi:10.1177/0974927618767296. ISSN 0974-9276.
  10. Negi, Sunil. "President of India felicitates Dr. Madhuri Barthwal with prestigious "WOMEN EMPOWERMENT AWARD"". NewsViewsNetwork (अमेरिकी अंग्रेजी में). Retrieved 2021-01-12.
  11. "U'Khand CM congratulates Narendra Singh Negi, Dewan Singh Bajeli for receiving Sangeet Natak Akademi Award". ThePrint. 9 April 2022.
  12. Nautiyal, Pavan (9 April 2022). "लोक गायक नरेन्द्र सिंह नेगी व दीवान सिंह बजेली को संगीत नाट्य अकादमी पुरस्कार, पढ़िए 9 अप्रैल की बड़ी खबरें". oneindia (हिंदी में).
  13. "Sangeet Natak Akademi Award: अपने गीतों से पहाड़ का हर रंग घोलने वाले नरेंद्र सिंह नेगी के सम्मान ने बढ़ाया उत्तराखंड का मान". Dainik Jagran (हिंदी में).
  14. "उत्तराखंड के लिए गौरवशाली पल, नेगी दा को प्रतिष्ठित सम्मान देंगे राष्ट्रपति कोविंद". Rajya Sameeksha (हिंदी में). Retrieved 10 April 2022.
  15. "सम्मान: नेगी दा को कल मिलेगा संगीत नाट्य अकादमी पुरस्कार, राष्ट्रपति लोक गायक नरेंद्र सिंह नेगी समेत 44 हस्तियों को करेंगे पुरस्कृत". Amar Ujala (हिंदी में). Retrieved 10 April 2022.
  16. "ऋषिकेश: हिंदी दिवस पर गढ़ रत्न नरेंद्र सिंह नेगी को आवाज रत्न सम्मान से किया गया सम्मानित". Amar Ujala (हिंदी में). Retrieved 10 April 2022.