Jump to content

धूरबवंडर

विकिपीडिया से
धूर बवंडर
एरिजोना में एगो धूरबवंडर
घटना के इलाकामुख्य रूप से शीतोष्ण आ उष्णकटिबंधी इलाका
सीजनबसंत आ गर्मी में अक्सर
परभावधूर आ कंजास हवा में उड़े ला, हवा से नोकसान हो सके ला

धूरबवंडर चाहे अंग्रेजी में डस्ट डेविल (Dust devil) एक किसिम के छोट बाकी सटीक तरीका से बनल बवंडर होलें जिनहन में हवा के तेज घुमरीदार बहाव जमीन के धूर के उड़ा के खम्हा नियर उठा देला। ई बवंडर बहुत देर ले ना रहे लें आ साइज में आधा मीटर डायमीटर वाला आ कुछ मीटर ऊँचाई वाला से ले के 10 मीटर डायमीटर आ 1000 मीटर के ऊँचाई वाला तक ले हो सके लें।

आमतौर पर ई खतरनाक ना होखे लें बाकी कभी-कभार बड़ आकार के होख्ले पर ई आदमी आ जानवरन के भी उड़ा सके लें।