धूरबवंडर

विकिपीडिया से
धूर बवंडर
एरिजोना में एगो धूरबवंडर
घटना के इलाकामुख्य रूप से शीतोष्ण आ उष्णकटिबंधी इलाका
सीजनबसंत आ गर्मी में अक्सर
परभावधूर आ कंजास हवा में उड़े ला, हवा से नोकसान हो सके ला

धूरबवंडर चाहे अंग्रेजी में डस्ट डेविल (अंग्रेजी: Dust devil) एक किसिम के छोट बाकी सटीक तरीका से बनल बवंडर होलें जिनहन में हवा के तेज घुमरीदार बहाव जमीन के धूर के उड़ा के खम्हा नियर उठा देला। ई बवंडर बहुत देर ले ना रहे लें आ साइज में आधा मीटर डायमीटर वाला आ कुछ मीटर ऊँचाई वाला से ले के 10 मीटर डायमीटर आ 1000 मीटर के ऊँचाई वाला तक ले हो सके लें।

आमतौर पर ई खतरनाक ना होखे लें बाकी कभी-कभार बड़ आकार के होख्ले पर ई आदमी आ जानवरन के भी उड़ा सके लें।

संदर्भ[संपादन करीं]