डोनबास

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
डोनबास के वर्तमान इलाका

डोनबास (अंगरेजी: Donbas) पूरबी यूक्रेन में एगो इतिहासिक, सांस्कृतिक, आ आर्थिक क्षेत्र बा। वर्तमान में एह इलाका के कुछ हिस्सा अलगाववादी समूहन के कब्जा में बाटे आ एह इलाका में रूस-यूक्रेन जुद्ध चल रहल बा। एही क्षेत्र में दू गो खुद के आजाद देस के दावा करे वाला अलगावादी समूह, डोनेत्स पीपल्स रिपब्लिक (डीपीआर) आ लोहांस्क पीपल्स रिपब्लिक (एलपीआर) बाड़ें।

इतिहासी रूप से ई इलाका सोवियत संघ के प्रमुख कोइला खदान वाला इलाका आर्थिक प्रदेश रहल। एकरा के दोनेत्स नदी के नाँव पर दोनेट्स बेसिन भी कहल जाय। सोवियत संघ के बिघटन आ यूक्रेन के आजादी के बाद से ई यूक्रेन देस के हिस्सा हवे आ एकर वर्तमान सभसे चलनसार परिभाषा यूक्रेन के दोनेत्स्क ओब्लास्तलोहांस्क ओब्लास्त के रूप में कइल जाला। हालाँकि, इतिहासी इलाका एकरा ले बड़ रहल आ कुछ हिस्सा अबो रूस देस में पड़े ला।