डोकलाम

विकिपीडिया से
नक्शा पर डोकलाम के लोकेशन चुंबी घाटी के दक्खिन में बा (चिन्हित नइखे कइल गइल)

डोकलाम भारत-भूटान-चीन सीमा प एगो छोटहन पठार बा। ई इलाका भूटान आ चीन के बीचे बिबाद मे हवे आ दुनो देस एह प दावा करेलऽसन। चुंबी घाटी के दक्खिन मे मौजूद ई पठारी हिस्सा भारत के सिक्किम आ चीन के अधिकार मे मौजूद तिब्बत के जोड़े वाला नाथू ला दर्रा से लमसम 15 किलोमीटर दक्खिन-पुरुब मे बा। एकरे पच्छिमी किनारा पर डोक ला नाँव के दर्रा बाटे। प्रशासनिक नज़रिया से ई इलाका तिब्बत के वर्तमान समय के याडोंग काउंटी आ भूटान के हा घाटी के बीच पड़े ला।

1890 मे अंगरेज सरकार आ चीन सरकार के प्रतिनिधि ए डब्लू पॉल आ हो चांग-जुंग के बीच चुंबी घाटी इलाका में ब्यापार संबंध आ सीमा के निर्धारण पर संधि भइल रहे। भूटान आ चीन के बीच 1988 आ 1998 में लिखित समझौता पर दस्खत भइल बा कि एह इलाका में शांति आ यथा स्थिति बनवले रहल जाई। 2017 मे चीन द्वारा एह इलाका के लगे सड़क बनावे के कोसिस के बाद से भारतीय आ चीनी सेना इहाँ आमने-सामने बा आ तनाव के स्थिति बा, भारत आ भूटान के बीच कुछ सुरक्षा संबंधी समझौता हवें जिनहन के चलते भारत के एह मामिला में हस्तक्षेप बा आ चीन के एह इलाका में बढ़त सक्रियता के भारत खतरा के रूप में देखत बा।

संदर्भ[संपादन करीं]