टाइपिंग

विकिपीडिया से
लैपटॉप के कीबोर्ड पर टाइपिंग करत एगो ब्यक्ति

टाइपिंग (अंग्रेजी: typing) टाइपराइटर, कंप्यूटर कीबोर्ड, मोबाइल फोन चाहे कैलकुलेटर पर बटन, जिनहन के 'की' (key) कहल जाला, दबा के पाठ (टेक्स्ट) लिखे भा इनपुट करे के प्रक्रिया हवे। एकरा के पाठ इनपुट के अन्य साधन सभ से अलग कइल जा सके ला, जइसे कि हैंडराइटिंग आ स्पीच रिकग्निशन से ई अलग तरीका हवे। पाठ अक्षर, संख्या आ अउरी चीन्हा सभ के रूप में हो सके ला। दुनिया के पहिली टाइपिस्ट अमेरिका के विस्कॉन्सिन के लिलियन शोल्स रहली, जे क्रिस्टोफर शोल्स के बेटी रहली, जे पहिला ब्यवहारिक टाइपराइटर के आविष्कार कइले रहलन।

यूजर इंटरफेस के फीचर जइसे कि स्पेल चेकर (हिज्जे जाँचक) आ ऑटोकम्पलीट टाइपिंग के सुविधा बेहतर बनावे आ तेज करे के काम करे ला आ टाइप करे वाला के गलती के कम करे भा सुधारे के काम करे ला।

टच टाइपिंग[संपादन करीं]

Typing zones on a QWERTY keyboard for each finger taken from KTouch and home row keys
Typing zones on a QWERTY keyboard for each finger taken from KTouch (home row keys are circled)

टच टाइपिंग टाइपिंग के एगो स्टाइल हवे जवना में बटन सभ के बिना देखले आदत के हिसाब से टाइप कइल जाला। टच टाइपिस्ट के कीबोर्ड पर बटन (की) सभ के के लोकेशन मशल मेमोरी के माध्यम से पता चले ला। आठ गो अँगुरी सभ के कीबोर्ड के बीच (होम रो) के साथ बेड़ा-बेंड़ी लाइन में रखल आ इनहन के बिसेस अउरी की सभ ले पहुँचल जाला। (यही के मिळत जुलत तरीका के तहत अइसन टाइपिस्ट जे कीबोर्ड के ना देखेलें बाकी होम रो के भी इस्तेमाल ना करे लें, हाइब्रिड टाइपिस्ट कहल जालें।) दू हाथ से टच टाइपिंग आ एक हाथ से टच टाइपिंग दुनों संभव बा।

यूटा के साल्ट लेक सिटी के एगो कोर्ट स्टेनोग्राफर फ्रैंक एडवर्ड मैकगुरिन जे टाइपिंग क्लास पढ़ावत रहलें, बतावल जाला कि ऊ 1888 में होम रो टच टाइपिंग के आविष्कार कइले रहलें।अंग्रेजी भाषी लोग खातिर एगो मानक क्वर्टी कीबोर्ड पर होम रो की सभ के बटन बा: बायां हाथ खातिर "ASDF" आ "JKL;" दाहिना हाथ खातिर। ज्यादातर आधुनिक कंप्यूटर कीबोर्ड सभ में होम की सभ पर पहिली अँगुरी सभ खातिर एगो उभार वाला डॉट भा पड़ी पाई होला जेह से टच टाइपिस्ट लोग के कीबोर्ड की सभ पर अँगुरी सभ के सही स्थिति के राखे आ फिर से खोज में मदद मिले ला।