टाइपराइटर

विकिपीडिया से
मैकेनिकल टाइपराइटर

टाइपराइटर अच्छर टाइप करे खातिर मैकेनिकल भा इलेक्ट्रोमैकेनिकल मशीन हवे। आमतौर पर टाइपराइटर में बटन सभ के सेट होला आ हर एक के दबावे पर कागज पर टाइप करे वाला हथौड़ी नियर चीज से स्याही से रंगल रिबन के ऊपर खटका के रूप में चोट कइल जाला। उन्नीसवीं सदी के अंत में, अइसन जोगाड़ भा मशीन के इस्तेमाल क के टाइपिंग के काम करे वाला ब्यक्तियो लोगन के 'टाइपराइटर' कहल जाव।

पहिला कामर्शियल टाइपराइटर सभ के सुरुआत 1874 में भइल, बाकी ई 1880 के दशक के बीच के बाद ले अमेरिका के ऑफिस सभ में बहुत आम चलन के चीज ना बन पवले रहल।टाइपराइटर जल्दीए निजी हाथे से लिखल पत्राचार के अलावा व्यावहारिक रूप से सभ किसिम के लिखाई के काम खातिर एगो अनिवार्य औजार बन गइल। एकर इस्तेमाल प्रोफेशनल लेखक लोग, ऑफिस में, निजी घर में बिजनेस पत्राचार आ लिखित असाइनमेंट तइयार करे वाला छात्र लोग द्वारा बहुतायत से कइल गइल।

बाद में चल के कंप्यूटर आ गइला से एकर महत्त्व घट गइल आ अब एकर इस्तमाल बहुत कम भ गइल बाटे।