Jump to content

जॉन कीट्स

विकिपीडिया से
जॉन कीट्स
जॉन कीट्स के पोर्ट्रेट, विलियम हिल्टन के बनावलनेशनल पोर्ट्रेट गैलरी, लंदन
जॉन कीट्स के पोर्ट्रेट, विलियम हिल्टन के बनावल
नेशनल पोर्ट्रेट गैलरी, लंदन
जनम(1795-10-31)31 अक्टूबर 1795
मूरगेट, लंदन, इंग्लैंड
निधन23 फरवरी 1821(1821-02-23) (उमिर 25)
रोम, पोप के राज्य
मउअत के वजह
टीबी (बेमारी)
पेशाकवी
महतारी संस्थाकिंग्स कॉलेज, लंदन
साहित्यिक आंदोलनरोमांटिसिस्म
रिश्तेदारजॉर्ज कीट्स (भाई)

जॉन कीट्स (John Keats; /kiːts/; 31 अक्टूबर 1795 – 23 फरवरी 1821) एगो अंगरेज कवी रहलें। रोमांटिक कबिता के प्रमुख कवी लोग में इनके नाँव गिनावल जाला। ई एह साहित्यिक दौर के दूसरा पीढ़ी के कवी रहलें जेह में लार्ड बायरन आ पर्सी बिश शेली के साथ मिलल। इनके बहुत कमे उमिर में, 1821 में बस पचीसे साल में निधन भ गइल आ इनके निधन से खाली चार साल पहिले इनके कबिता सभ के संग्रह छपल, इनके पर्याप्त परसिद्धि मिलल।[1]

इनकर कबिता सभ के इनका जिनगी में भले समालोचक लोग के धियान ना मिलल, इनके मुआला के कुछे समय बाद इनकर महत्व बढ़ल आ 19वीं सदी आवत-आवत ई सगरी अंग्रेजी कवी लोग में से सभसे प्रिय अंगरेज कवी लोग में से एक बन गइलें। इनके बाद के कवी आ लेखक सभ पर इनकर ब्यापक परभाव पड़ल। जॉन लुई बोर्जेस के कहनाम की कीट्स के साहित्य से पहिला परिचय उनके जिनगी के सभसे महत्व वाला साहित्यिक अनुभव रहल।[2]

कुछ प्रमुख रचना सभ

[संपादन करीं]
  • Bright star, would I were steadfast as thou art (1819)
  • Endymion: A Poetic Romance (1817)
  • The Eve of St. Agnes (1819)
  • The Fall of Hyperion: A Dream (Unfinished, 1819)
  • Isabella or The Pot of Basil (1818)
  • Ode on a Grecian Urn (1819)
  • Ode on Indolence (1819)
  • Ode on Melancholy (1819)
  • Ode to a Nightingale (1819)
  • Ode to Psyche (1819)
  • On First Looking into Chapman's Homer (1816)
  • Sleep and Poetry (1816)
  • To Autumn (1819)
  • To Kosciusko (1816)
  • When I have fears that I may cease to be (1818)
  • You say you love; but with a voice (1817 or 1818)
  1. ↑ O'Neill and Mahoney (1988), 418
  2. ↑ Jorge Luis Borges (2000). This Craft of Verse. Harvard University Press, 98–101

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]