चीता

विकिपीडिया से

चीता
समय बिस्तार: प्लीस्टोसीनहोलोसीन, 1.9–0Ma
दक्खिन अफिरकी चीता
(Acinonyx jubatus jubatus)
चीता के आवाज
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
क्लास: मैमेलिया
(Mammalia)
ऑर्डर (Order): कार्नीवोरा
(Carnivora)
Suborder: Feliformia
परिवार: Felidae
जाति (Genus): Acinonyx
प्रजाति: A. jubatus
दूपद नाँव
Acinonyx jubatus
(श्रेबर, 1775)
उपप्रजाति
चीता के क्षेत्रबिस्तार

     पुरान क्षेत्रबिस्तार      कम घन      माझिल घनापन      हाई घनापन

अउरी दूसर नाँव

चीता (बैज्ञानिक नाँव: Acinonyx jubatus) बड़हन आकार के एगो शिकारी जानवर हवे। बैज्ञानिक बर्गीकरण में ई फेलिडाई (Felidae) उपपरिवार में आवे ला आ मुख्य रूप से पूरबी आ दक्खिनी अफिरका, आ ईरान के कुछ हिस्सा में पावल जाला। पुराना समय में ई भारत आ आसपास के देस सभ में भी पावल जाय लेकिन अब इहाँ से बिलुप्त हो चुकल बाटे। एसिनॉनिक्स (Acinonyx) जाति के ई एकलौता बचल सदस्य बा। एकर बैज्ञानिक बिबरन सभसे पहिले जोहान क्रिस्चियन डैनियल फॉन श्रेबर नाँव के जर्मन बैज्ञानिक द्वारा 1775 में दिहल गइल रहे। चीता के शरीर छरहर, गहिरी छाती, चित्तीदार कोट, छोटहन गोल कपार, चेहरा पर करिया आँसू नियर धारी, पातर-लमछर टांग आ लमहर चित्तीदार पोंछि होले। चीता के बनावट हल्लुक होला आ एकर छरहर बनावट, बड़हन आकार के बिलारबंस के जानवर सभ के मजबूत बनावट की तुलना में एकदम्मे अलग किसिम के होला, एकरे कारण ई कूगर से ढेर समानता वाला बुझाला। चीता के ऊंचाई, कंधा के लगे 70 से 90 सेमी (28 से 35 इंच) होखे ले आ एकर वजन 21–72 किग्रा (740–2,540 औंस) होला। ई लेपर्ड सभ से ऊंचाई में लमहर होला जबकि सिंह से छोट आकार साफ पता चले ला। पियाराहूँ आभा वाला भा रूफ़स से मटियाहूँ सफ़ेद आभा वाला एकर खाल (कोट) पर लगभग 2,000 करिया चित्ती होखे लीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Durant, S.; Mitchell, N.; Ipavec, A.; Groom, R. (2015). "Acinonyx jubatus". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2016.1. International Union for Conservation of Nature. {{cite web}}: Invalid |ref=harv (help)CS1 maint: uses authors parameter (link)
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named mammal