चिंबोराजो

विकिपीडिया से
(चिम्बरोजो से अनुप्रेषित)
चिंबोरासो
चिंबोराजो के परबत चोटी, जमीन के सतह पर मौजूद ई अइसन जगह हवे जे पृथिवी के केंद्र से सभसे दूर परे ला।
Highest point
ऊँचाई6,263.47 मी (20,549.4 फीट) [note 1]
टोपो प्रामिनेंस4,118 मी (13,510 फीट) [1]
18वाँ रैंक
टोपोग्राफिक बिलगाव846 किलोमीटर (526 मील)
लिस्टिंगदेस के सभसे ऊँच अस्थान
अल्ट्रा
लोकेशन (भूगोलीय)01°28′09″S 78°49′03″W / 1.46917°S 78.81750°W / -1.46917; -78.81750निर्देशांक: 01°28′09″S 78°49′03″W / 1.46917°S 78.81750°W / -1.46917; -78.81750
भूगोल
चिंबोरासो is located in Ecuador
चिंबोरासो
चिंबोरासो
देसइक्वेडोर
प्रांतचिंबोराजो प्रांत
मूल परबत श्रेणीएंडीज, कॉर्डिलेरा ऑक्सीडेंटल
टोपो नक्शाIGM, CT-ÑIV-C1[2]
Geology
चट्टान के उमिरपैलियोजीन[3]
परबत प्रकारपरतदार ज्वालामुखी
अंतिम बिस्फोट550 CE ± 150 साल[4]
चढ़ाई
सहज रूटग्लेशियर/बरफ के चढ़ाई (पीडी ग्रेड)

चिंबोराजो भा चिम्बोरासो (Chimborazo; इस्पेनी उच्चारण: [tʃimboˈɾaso]; चिंबोरासो) एंडीज परबत के कार्डिलेरा ऑक्सीडेंटल श्रेणी में एगो ठंढा चुकल ज्वालामुखी परबत चोटी हवे। मानल जाला कि एह ज्वालामुखी में अंतिम बेर 550 ईस्वी में बिस्फोट भइल रहे तबसे ई शांत बाटे।

एह चोटी के ऊँचाई 6,263 मी (20,548 फीट) बा आ ई इक्वेडोर देस में सभसे ऊँच परबत चोटी बाटे।

चिम्बोरासो के सभसे धियान देवे लायक बिसेसता ई बा कि एकर चोटी पृथिवी के केंद्र से सभसे बेसी दूरी पर मौजूद जगह हवे। ओइसे त माउंट एवरेस्ट सभसे ऊँच परबत चोटी हवे बाकी अगर समुंद्र तल से न नाप के पृथ्वी के केंद्र से नापल जाय तब चिंबोराजो के चोटी सभसे ऊँच हो जाले काहें से कि ई भूमध्यरेखा पर स्थित परबत हवे आ पृथिवी भूमध्यरेखा पर कुछ उभार लिहले बाटे। एही तरे अंतरिक्ष से देखल जाय तबो ई सभसे ऊँच चोटी देखलाई पड़ी।

एकरा बावजूद ई एंडीज के 39वाँ सभसे ऊँच चोटी हवे।

माउंट एवरेस्ट नियर एहू परबत चोटी पर चढ़ाई कइल जाला। हालाँकि एह पर चढ़े खातिर बिसेस किसिम के आधुनिक औज़ार सभ के जरूरत पड़े ला।

भूगोल[संपादन करीं]

लोकेशन[संपादन करीं]

चिंबोराजो इक्वेडोर देस के चिंबोराजो प्रांत में, क्विटो शहर से लगभग 150 किमी (93 मील) दक्खिन-दक्खिनपच्छिम दिसा में बाटे। ई 5,018 मीटर ऊँच कैरीहुआरासो परबत के बगल में बाटे। चिम्बोराजो परबत के चोटी आसपास के ऊँच इलाका सभ से करीबन 2,500 मीटर बेसी ऊँचाई वाली बाटे आ एकर आधार करीबन 25 किलोमीटर चाकर बाटे। अगर आसमान साफ होखे, चिंबोराजो के चोटी 140 किलोमीटर दूर गुयानकिल शहर से लउके ला। एह पहाड़ से सबसे नगीचे पड़े वाला शहर सभ में रियोबांबा (~30 किलोमीटर के दूरी पर दक्खिनपूर्ब दिसा में), अंबातो (~30 किमी उत्तरपूरुब) आ गुआरंदा (~25 किमी दक्खिनपच्छिम) बाड़ें। चिंबोराजो के चारो ओर के इलाका संरक्षित क्षेत्र हवे (Reserva de Produccion Faunistica Chimborazo)। ई संरक्षित क्षेत्र खासतौर पर इहाँ पावल जाए वाला एगो ऊँट बंस के जानवर वीकून्या (Vicuña), लामा (Llama) आ अल्पाका (Alpaca) सभ के आवास क्षेत्र के रूप में संरक्षित हवे।

नोट[संपादन करीं]

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named elev

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named peaklist
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named map
  3. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Gomez
  4. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named gvp