चउकपूरन
Appearance
चउकपूरन[1] चाहे चउका पूरल भारतीय लोक कला के एगो रूप हवे जेह में धार्मिक-सांस्कृतिक मोका-महाले फर्श पर चित्र बनावल जाला। पूर्वांचल आ भोजपुरी इलाका में चाउर पीस के अइपन बनावल जाला आ ओही से चउक पूरल जाला।[1] एकरे अलावा कुछ हेर-फेर के साथ ई परंपरा मय उत्तरी भारत में देखे के मिले ला; पंजाब में माटी से लीप के देवाल पर चित्रकारी के चौक पूरना कहल जाला। भारत के अउरी हिस्सन में बनावल जाये वाली रंगोली आ बंगाल में बनावल जाये वाली अल्पना एही नियन चित्रकारी हवें।
फुटनोट
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 Pāṇḍeya & Pāṇḍeya 2009, p. 46.
संदर्भ
[संपादन करीं]- Pāṇḍeya, P.; Pāṇḍeya, H. (2009). Bhojapurī Paṅktipāvana Kalāem̐: Eka Paricaya (हिंदी में). Kalpaz Publications. ISBN 978-81-7835-755-3. Retrieved 12 Oct 2024.
ई कला-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |