ग्रान चाको
Appearance
| ग्रान चाको ड्राई चाको | |
|---|---|
ग्रान चाको के लैंडस्केप, चाको बोरियल, पराग्वे | |
ग्रैन चाको के सीमा बिस्तार, वल्ड वाइल्डलाइफ फंड (WWF) के अनुसार | |
| Ecology | |
| Realm | नियोट्रॉपिकल |
| Biome | उष्णकटिबंधी आ उपोष्णकटिबंधी सूखा चाकरपतई बन |
| Borders | |
| Geography | |
| Area | 786,791 किमी2 (303,782 वर्ग मील) |
| Countries | पराग्वे, बोलीविया, अर्जेंटाइना, अउर ब्राजील |
| Conservation | |
| Protected | 176,715 km² (22%)[1] |
ग्रान चाको (Gran Chaco) चाहे सूखल चाको (Dry Chaco) दक्खिन अमेरिका के एगो प्राकृतिक प्रदेश बाटे। दक्खिन अमेरिका के लगभग बीचोबीच, एकर बिस्तार रियो डी ला प्लाटा नदी के बेसिन में बाटे आ ई अध-सूखल रेगिस्तान (सेमी-एरिड) नियर इलाका हवे जहाँ गरम जलवायु आ बहुत कम आबादी पावल जाले। राजनीतिक रूप से देखल जाय तब एकर ज्यादातर हिस्सा उत्तरी अर्जेंटीना आ पच्छिमी पराग्वे में पड़े ला; एकरे अलावा पूरबी बोलीविया आ ब्राजील के मातो ग्रासो आ मातो ग्रासो दू सुल राज्यन के हिस्सन पर एह प्राकृतिक प्रदेश के बिस्तार बाटे। ई बिचला एंडीज के पूरुब में पड़े वाला निचाई वाला मैदानी हिस्सा (लोलैंड प्लेन) हवे जेकरा के कभी-काल्ह चाको मैदान भी कहल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Eric Dinerstein, David Olson, et al. (2017). An Ecoregion-Based Approach to Protecting Half the Terrestrial Realm, BioScience, Volume 67, Issue 6, June 2017, Pages 534–545; Supplemental material 2 table S1b.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Gran Chaco पर मौजूद बा। |
- The National Museum of Natural History's description of Gran Chaco
- "Chaco". Terrestrial Ecoregions. World Wildlife Fund.
- photos of the Paraguay Chaco
निर्देशांक: 19°09′44″S 61°28′13″W / 19.1622°S 61.4702°W
| ई दक्खिन अमेरिका के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |