गोरखपुर हवाईअड्डा

विकिपीडिया से
गोरखपुर हवाईअड्डा
Summary
Airport typeसिविल एन्क्लेव
Ownerएयरपोर्ट अथौरिटी ऑफ़ इंडिया
Operatorभारतीय एयर फ़ोर्स
Servesगोरखपुर
Locationगोरखपुर, उत्तर प्रदेश, भारत
Elevation AMSL79 m / 259 ft
Coordinates26°44′22″N 83°26′58″E / 26.73944°N 83.44944°E / 26.73944; 83.44944
Map
GOP is located in Uttar Pradesh
GOP
GOP
GOP is located in India
GOP
GOP
Runways
Direction Length Surface
m ft
11/29 2,743 9,000

गोरखपुर हवाईअड्डा (IATA: GOPICAO: VEGK) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर मे एगो हवाईअड्डा बाटे। भारतीय हवाईअड्डा प्राधिकरण एकरा के भारतीय वायुसेना के गोरखपुर वायुसेना स्टेशन पर सिविल एन्क्लेव के रूप में संचालित करेला। गोरखपुर शहर से ई हवाईअड्डा 5 मील (8.0 किमी) दूरी पर बा। एह हवाईअड्डा के क्षेत्रफल 0.71 एकड़ बा। जून 2017 में सिविल टर्मिनल भवन के उद्घाटन उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइलें।

एयरफोर्स इस्टेशन[संपादन करीं]

इ भारतीय सशस्त्र बल के अड्डा में से एगो ह जवन भारतीय वायुसेना के केंद्रीय वायु कमान के तहत काम करेला, आईएएफ इहाँ से नंबर 16 स्क्वाड्रन आईएएफ, नंबर 27 स्क्वाड्रन आईएएफ अउरी नंबर 105 हेलीकाप्टर यूनिट के संचालन करेला। एह स्क्वाड्रन सभ में नियमित रूप से सैन्य अभ्यास होला; एकरा अलावा ई लोग बचाव अभियान में सक्रिय रूप से भाग लेला। सेपेकैट जगुआर विमान आ मिल एमआई-17 हेलीकाप्टर इहाँ स्थित बा।[1]

इन्फ्रास्ट्रक्चर[संपादन करीं]

एह हवाइअड्डा पर एक ठो रनवे बाटै जेकरा के 11/29 डेजिग्नेशन दिहल गइल बाटै आ एकर आमाप 2,743 बाई 46 मीटर (9,000 बाई 150 फीट) के बाटै। एह हवाइअड्डा पर स्थित टर्मिनल सभसे ब्यस्त समय में 200 यात्री लोगन के सेवा दे सके ला आ एकर एरिया 23,500 वर्ग फीट बाटै।[2][3]

28 मार्च 2021 के उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ₹26.87 करोड़ के लागत से मौजूदा टर्मिनल भवन के बिस्तार के नींव रखलें जे 3440 वर्ग मीटर के इलाका में फइलल बाटै।[4][5] आगमन हॉल में दू गो कन्वेयर बेल्ट, 10 गो चेक-इन-काउंटर, एस्केलेटर, लिफ्ट, रेस्टोरेंट पहिला मंजिल में एगो अतिरिक्त सुरक्षा होल्डिंग एरिया से लैस ई बिस्तारित टर्मिनल बिल्डिंग पीक आवर में 200 यात्री लोग के संभाल सके ला।[5]

ईहो देखल जाव[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "IAF's Jaguar fighter plane crashes in UP's Kushinagar, pilot ejects safely". दि हिंदुस्तान टाइम्स. 28 जनवरी 2019. The crash happened barely 15 minutes after it took off from Gorakhpur air base along with two other Jaguars for routine exercise.
  2. "Gorakhpur". एयरपोर्ट्स अथारिटी ऑफ़ इंडिया. 10 सितंबर 2016. Archived from the original on 25 February 2008. Retrieved 26 फरवरी 2017.
  3. PTI (3 सितंबर 2018). "Suresh Prabhu inaugurates new domestic terminal building at Gorakhpur Airport". बिजनेस स्टैंडर्ड इंडिया. Retrieved 19 मार्च 2020.
  4. "Adityanath lays foundation stone to extend terminal building at Gorakhpur airport". दि हिंदू (भारतीय अंग्रेजी में). 28 मार्च 2021. Retrieved 30 मार्च 2021.
  5. 5.0 5.1 "Gorakhpur Airport terminal building all set for expansion. Details inside". ईटीनाऊ. 30 मार्च 2021. Retrieved 30 मार्च 2021.