खुंबु पासांगल्हामु

विकिपीडिया से
(खुम्जुङ से अनुप्रेषित)
खुम्बु पासांगल्हामु
खुम्बु पासाङल्हामु गाउँपालिका
खुम्बु पासांगल्हामु is located in Province No. 1
खुम्बु पासांगल्हामु
खुम्बु पासांगल्हामु
प्रदेश संख्या 1 में स्थिति
खुम्बु पासांगल्हामु is located in Nepal
खुम्बु पासांगल्हामु
खुम्बु पासांगल्हामु
खुम्बु पासांगल्हामु (Nepal)
Coordinates (चौरिखर्क): 27°44′N 86°44′E / 27.74°N 86.73°E / 27.74; 86.73निर्देशांक: 27°44′N 86°44′E / 27.74°N 86.73°E / 27.74; 86.73
देशनेपाल
प्रदेशकोशी प्रदेश
जिलासोलुखुम्बु जिला
वार्ड सभ5
स्थापना12 मार्च 2017
Government
 • Typeस्थानीय सरकार
 • Bodyस्थानीय कार्यकारिणी
 • अध्यक्षनिमादोर्जी शेर्पा (नेकपा)
 • उपाध्यक्षतसिल्हामू शेर्पा (नेकपा)
 • मुख्य कार्यकारी अधिकारीचंद्र बहादुर कार्की
Area
 • Total1,539.11 किमी2 (594.25 बर्ग मील)
Highest elevation
8,848 m (29,029 ft)
Lowest elevation
1,900 m (6,200 ft)
Population
 • Total8,989
 • Density5.8/किमी2 (15/बर्ग मील)
Time zoneUTC+5:45 (नेपाल समय)
Area code+977-38
मुख्यालयचौरिखर्क
WebsiteOfficial website

खुम्बु पासांगल्हामु (नेपाली: खुम्बु पासाङल्हामु गाउँपालिका) नेपाल के कोशी प्रदेश के सोलुखुम्बु जिला में स्थित सात गो गांवपालिका सभ में से एगो ह।[1] खुमजुंग, नाम्चे आ जुबिंग के (1,5,7-9 नं. वार्ड) आ चौरिखर्क गांव विकास समिति सभ के मिला के इ गांवपालिका के गठन करल गइल रहल। 2011 नेपाल सेंसस के हिसाब से इ गांवपालिका के कुल जनसंख्या 9,133 बा आ कुल क्षेत्रफल 1,539.11 वर्ग किलोमीटर (594.25 वर्ग मील) बाटे।[2] चौरिखर्क में इ गांवपालिका के मुख्यालय स्थित बा।[3]

पहिले, खुमजुंग, नाम्चे, जुबिंगचौरिखर्क सभे सोलुखुम्बु जिला के अलग अलग गांव विकास समिति रहल।

नाम[संपादन करीं]

खुम्बु पासांगल्हामु सोलुखुम्बु जिला में स्थित बा, सोलुखुम्बु नाम में भी "खुम्बु" शब्द देखल जा सकत बा। सोलुखुम्बु "सोलु" आ "खुम्बु" शब्द के मिलला से बनल बा। "सोलु" के मतलब होला सोलुखुम्बु जिला के निचला भाग आ "खुम्बु" के मतलब होला उपरला भाग। "पासांगल्हामु" शब्द लिहल गइल बा पासांग ल्हामु शेर्पा से, पासांग ल्हामु शेर्पा नेपाल के पहिलकी महिला रहली जे माउंट एवरेस्ट शिखर पर चढ़ल रहली।[4]

भूगोल आ हवा-पानी[संपादन करीं]

खुम्बु पासांगल्हामु निर्देशांक 27.74° उत्तरी 86.73° पूर्वी अक्षांश अउर देशांतर पर स्थित बा। इ प्रदेश के सबसे उत्तरी हिस्सा में स्थित बा, जहां के धरातल बहुत उंच बा, इ उच्च-हिमालय के हिस्सा ह। खुम्बु पासांगल्हामु के भौगोलिक अवस्था बहुत कठिन बा। इ क्षेत्र विश्व के बहुत ऊंचाई वाला क्षेत्र ह। इ क्षेत्र के न्यूनतम ऊंचाई 1,900 मीटर (6,200 फीट) बा, जबकि अधिकतम ऊंचाई 8,848 मीटर (29,029 फीट) बा। गांवपालिका के कुल क्षेत्रफल 1,539.11 वर्ग किलोमीटर (1.65668×1010 वर्ग फु) बा, एहीसे इ गांवपालिका फाक्तांगलुंग (ताप्लेजुंग जिला) के बाद प्रदेश संख्या 1 के दुसरका सब से बड़हन (क्षेत्रफल के हिसाब से) गांवपालिक ह।

लहोत्से, नुपत्से, चोयु, आमा डाबलाम, पुमोरी, थामशेर्कु वगैरह उच्च शिखर इ क्षेत्र में स्थित बाड़ी सभ। खरीखोला, लुक्ला, मंजु, नाम्चे, खुमजुंग, खुण्डे, टेंगबोचे, फोरचे, पांगबोचे, फिरिचे आदि इ क्षेत्र में स्थित मानव बस्ती ह।[4]

खुम्बु पासांगल्हामु के भूगोल एक समान समतल नइखे, एकर ऊंचाई 2000मि से लेकर 8848 मि तक बा, एहीसे ई क्षेत्र के हवा-पानी में बहुते भिन्नता बा। ऊंचाई में क्रमिक वृद्धि के कारण, इ क्षेत्र के हवा-पानी के चार जलवायु क्षेत्र में बाँटल जा सकत बा। जलवायु क्षेत्र में जंगली निचला क्षेत्र, अल्पाइन (उंच पहाड़ी) झाड़ी वाला क्षेत्र, ऊपरी अल्पाइन क्षेत्र जहां पेड़-पौधा सीमित मात्रा में होला आ आर्कटिक (बर्फीला) क्षेत्र।[5] एहि से अलग अलग ऊंचाई या क्षेत्र में तापमान आ मौसम के स्थिति में भिन्नता बा। सबसे ऊपरी क्षेत्र बरफ से ढकल होखला के वजह से उहाँ ठंड बहुत अधिक बा, वइसे ही निचला क्षेत्र के घाटी कुल में ठंड कुछ कम बा।

खुम्बु पासांगल्हामु (चौरिखर्क) (1982-2012) खातिर जलवायु आँकड़ा
महीना जन फर मार्च अप्रै मई जून जुला अग सित अक्टू नवं दिस सालभर
औसत अधिकतम °C (°F) 9.3
(48.7)
10.5
(50.9)
13.5
(56.3)
17.3
(63.1)
18.4
(65.1)
19.1
(66.4)
19.1
(66.4)
19.4
(66.9)
18.1
(64.6)
16.9
(62.4)
13.3
(55.9)
10.7
(51.3)
15.47
(59.83)
डेली औसत °C (°F) 3.7
(38.7)
5.1
(41.2)
8
(46)
11.5
(52.7)
13.1
(55.6)
15
(59)
15.4
(59.7)
15.4
(59.7)
14.1
(57.4)
11.8
(53.2)
7.6
(45.7)
4.9
(40.8)
10.47
(50.81)
औसत कम °C (°F) −1.9
(28.6)
−0.2
(31.6)
2.6
(36.7)
5.8
(42.4)
7.9
(46.2)
10.9
(51.6)
11.8
(53.2)
11.4
(52.5)
10.2
(50.4)
6.7
(44.1)
1.9
(35.4)
−0.8
(30.6)
5.53
(41.94)
औसत वर्षण मिमी (इंच) 16
(0.63)
30
(1.18)
34
(1.34)
60
(2.36)
107
(4.21)
301
(11.85)
555
(21.85)
479
(18.86)
288
(11.34)
90
(3.54)
12
(0.47)
10
(0.39)
1,982
(78.02)
Source: Climate-data.org[6]
खुम्बु पासांगल्हामु के दृश्य
Namche
नाम्चे बाजार
नाम्चे बाजार 
Dablam
पर्वत आमा डाबलाम
पर्वत आमा डाबलाम 
Lukla
लुक्ला हवाईस्थल
लुक्ला हवाईस्थल 
Khumjung
खुमजुंग गांव
खुमजुंग गांव 

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "List of Local bodies of Nepal". MoFALD. Retrieved 2017-06-02.
  2. "Khumbu Pasanglahmu Rural municipality in Nepal". www.citypopulation.de. 8 अक्टूबर 2017. Retrieved 12 मार्च 2018.
  3. "744 new local units come into effect". The Kathmandu Post. Retrieved 15 मार्च 2017. {{cite news}}: External link in |ref= (help)
  4. 4.0 4.1 "खुम्बु पासाङल्हामु गाउँपालिकाको संक्षिप्त परिचय". www.khumbupasanglhamumun.gov.np. 5 May 2018. Archived from the original on 31 August 2018.
  5. "Everest Travel guide – Solu Khumbu trekking guide". www.explorehimalaya.com. Retrieved 26 जून 2018.[मुर्दा कड़ी]
  6. "Climate:Chaurikharka". Retrieved 25 जून 2018.