Jump to content

खाटू श्याम मंदिर

विकिपीडिया से
खाटू श्याम मंदिर
भगवान् कृष्ण के आपन शीश दान करत बर्बरीक
खाटू श्याम मंदिर is located in राजस्थान
खाटू श्याम मंदिर
राजस्थान में लोकेशन
बेसिक जानकारी
लोकेशनखाटू गाँव, सीकर जिला, राजस्थान
अक्षांस-देशांतर27°21′52″N 75°24′12″E / 27.3645°N 75.4033°E / 27.3645; 75.4033निर्देशांक: 27°21′52″N 75°24′12″E / 27.3645°N 75.4033°E / 27.3645; 75.4033
धर्म/मतHinduism
देवताबर्बरीक
Districtसीकर
राज्यराजस्थान
देस भारत

खाटू श्याम मंदिर भारत के राजस्थान के सीकर जिला के खाटू गाँव में एगो हिंदू मंदिर बा। ई कृष्ण आ बर्बरीक के पूजा करे खातिर तीर्थ स्थल ह जहाँ बर्बरीक के अक्सर कुलदेवता के रूप में पूजल जाला। भक्त लोग के मान्यता बा कि एह मंदिर में बर्बरीक भा खाटू श्याम के मूँड़ी बाटे, जे एगो पौराणिक योद्धा हवें जे कुरुक्षेत्र युद्ध के युद्ध से पहिले दौरान कृष्ण के निहोरा पर आपन सिर के बलिदान दे दिहले रहलें।

आर्किटेक्चर

[संपादन करीं]

मंदिर वास्तुकला के हिसाब से समृद्ध बा। संरचना के निर्माण में चूना के मोर्टार, संगमरमर अउरी टाइल्स के इस्तेमाल भइल बा। गरभगृह के दरवाजा सोना के पत्तर से ढंकल बा। बाहर प्रार्थना हॉल बा, जवना के नाम जगमोहन बा। हॉल के आकार बड़हन (12.3 mx 4.7 मीटर) बा आ एकर देवाल सभ पर बिस्तार से रंगाई-पोताई कइल गइल बा जेह में पौराणिक दृश्य सभ के चित्रण कइल गइल बा। प्रवेश द्वार आ निकास गेट संगमरमर के बनल बा; इनहन के कोष्ठक भी संगमरमर के बाटे आ इनहन में सजावटी फूलन के डिजाइन के बिसेसता बा।[प्रमाण देईं]