कोलोसियम
Jump to navigation
Jump to search
कोलोसियम इटली के रोम शहर में, प्राचीन रोमन राज के जमाना के बनल एगो भवन के खंडहर बा। एकरे भव्यता आ बिसालता के कारन आ अद्भुत कारीगरी के कारन ई बिस्व धरोहर स्थल घोषित कइल गइल बा आ एकर रखरखाव कइल जाला आ पर्यटक लोग एकरा के देखे खातिर पूरा दुनिया से आवे ला। वास्तव में ई रोमन राज के समय में एगो अंडाकार एंफीथियेटर (आधा गोलाई वाला) रहल जेह में एक बेर में 50,000 लोग बइठ के तमाशा देख सकत रहे। तमाशा के रूप में गुलाम योद्धा (ग्लेडीयेटर) सभ के आपस में, जनावरन से लड़ावल जाय या फिर नाटक खेलल जाय।
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई लेख कौनों धार्मिक स्थल या बिल्डिंग संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |