कोमल झा
कोमल झा | |
---|---|
![]() मिस्टर एमबीए के सेट पर झा | |
जनम | राँची, बिहार, भारत ( अब झारखंड, भारत में) | 15 मार्च 1987
निवास | मुंबई, महाराष्ट्र, भारत दुबई, यूएई |
राष्ट्रीयता | भारतीय |
शिक्षा | बी.ई. - सिविल |
महतारी संस्था | MSRIT, बंगलौर |
पेशा | सिविल इंजीनियर, ऐक्ट्रेस, लेखिका |
सक्रियता साल | 2010–वर्तमान |
रिश्तेदार | एस. एन. झा (बाबूजी), भारती झा (महतारी) |
वेबसाइट | iamkomaljha |
कोमल झा (जनम 15 मार्च 1987) एगो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस आ लेखिका बाड़ी। झा के फिल्मी कैरियर दक्खिन भारतीय फिलिम इंडस्ट्री, मने कि तमिल, तेलुगु, कन्नड़ आ मलयालम सिनेमा में अस्थापित बा आ अब ई हिंदी सिनेमा यानी कि बॉलीवुड में कैरियर सुरू क रहल बाड़ी। पेशा से इंजीनियर रहल ई ऐक्ट्रेस अपना कैरियर के बदलाव खातिर जानल जा रहल बाड़ी।[1] चाइना सिनेमा नाँव के फिलिम में इनके रोल खाती इनके तारीफी मिलल बा।[2] एक्टिंग के अलावे कोमल झा स्टेज शो में हिस्सा ले ली,[3][4] आ कई ब्रांड सभ खाती परचार के बीडियो भी कइले बाड़ी,[5] एह सभ में से ज्यादातर दक्खिन भारत के बाड़ें।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "'Nimbe Huli' croses 80,000 Internet hits". News 18.
- ↑ "Komal Jha is a Narthaki in Chinna Cinema | 123telugu.com". www.123telugu.com. Retrieved 2016-05-06.
- ↑ "Actress performances at FNCC New Year eve Stills". telugu.zustcinema.com. Retrieved 2016-06-10.
- ↑ "Picture 638549 | Komal Jha @ FNCC New Year Gala 2014 Celebrations Photos | New Movie Posters". moviegalleri.net. Retrieved 2016-06-10.
- ↑ "Gozzip Corner Cafe Inauguration Photos – Events Gallery | Matineestars". matineestars.in. Archived from the original on 2016-07-09. Retrieved 2016-06-10.
![]() | ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
बाहरी कड़ियां[संपादन करीं]