Jump to content

काल बैसाखी

विकिपीडिया से
कलकत्ता के लगे काल बैसाखी भा नोर्वेस्टर

काल बैसाखी चाहे नॉर्वेस्टर्स (Nor'westers) मानसून से ठीक पहिले भारत के पच्छिम बंगालबांग्लादेश में आवे वाला आन्ही-तूफ़ान वाली लोकल हवा हवे। ई तेज झकोरेदार आन्ही वाली हवा होखे ले जेकरे साथे बरखा होखे ला। एकरा के प्री-मानसून बरखा भी कहल जाला। शब्द के अरथ होला बइसाख के महीना में आवे वाली तबाही; आसाम में इनहन के "बारदोली छीड़ा" कहल जाला।[1][2]

उत्पत्ती

[संपादन करीं]

कालबैसाखी के आवे के समय आमतौर पर अप्रैल से शुरू होखेला आ तब ले चलत रहेला जब ले पूर्वोत्तर भारत में मानसून पूरा तरह से जम ना जाला। हालाँकि मार्चो में कबो-कबो कालबैसाखी आइल देखल गइल बा।

एह मौसमी घटना के रूप आ एकरे दौरान मौसम संबंधी बिसेस्ता देख के, एह तूफान के वैज्ञानिक भाषा में प्रोग्रेसिव डेरेचो (derecho) के रूप में बर्गीकरण कइल जाला।[3] कालबैसाखी आमतौर पर बिहार आ झारखंड के बीच के इलाका छोटानागपुर पठार से शुरू होखेला। ई धीरे-धीरे दक्खिन-पूरुब दिसा में आगे बढ़ेला आ ओड़िशा, पश्चिम बंगाल, आ असम में तूफानी हवा (कई बेर 100 किमी/घं (62 मील/घं) से बेसी), झमाझम बरखा, आ ओला के साथ तबाही मचावेला।

कबहूँ-कबहूँ जब ए इलाका में गरमी बहुत होखेला आ साथे में नमी वाला हवा घुस जाला, त बहुत जोरदार गरज-बिजरी वाला तूफान, थंडरस्टॉर्म, क रूप बन जाला।

कभी-काल्ह गंगा-ब्रह्मपुत्र डेल्टा में अगर नमी, गरमी आ उठाव (कन्वेक्शन) के सही मेल मिल जाला, त बवंडर (टॉरनेडो) भी बन सकत बा। 1989 में अइसने एगो भयानक बवंडर बांग्लादेश में आइल रहे, जवना में हजार से जादे लोग मर गइल रहल — आ ई दुनिया के सबसे जानलेवा बवंडर मानल गइल बा।[4][5]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. Khullar, D. R. Geography Textbook-Hindi (Hindi में). New Saraswati House India Pvt Ltd. ISBN 978-93-5041-242-8.
  2. "कैसे मानसून-पूर्व वर्षा भारत के किसानो तथा बाजारों के लिए वरदान है". Jagranjosh.com. 23 मई 2017.
  3. US Department of Commerce, NOAA. "NWS JetStream - Where and When do Derechos Occur". www.weather.gov (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-06-07.
  4. Finch, Jonathan; Dewan, Ashraf M. "Tornados in Bangladesh and East India –—". Bangladesh tornadoes. Retrieved 2008-08-23.
  5. "Kalbaisakhi strike to continue over West Bengal, Jharkhand , Odisha, gale winds likely". www.skymetweather.com (अंग्रेजी में). 2021-04-09. Retrieved 2021-05-12.