काबर ताल
काबर ताल भारतीय राज्य बिहार के बेगूसराय जिला में एगो गोखुर झील बाटे। लोकल लोग एकरा के काँवर ताल चाहे काबरताल कहे ला[नोट 1] सरकारी तौर पर एकरा के राष्ट्रीय पक्षी बिहार घोषित कइल गइल बाटे आ एकर ऑफिशियल नाँव काँवर झील पक्षी विहार हवे। ई ताल रामसर अस्थान सभ में सामिल बा[1] आ बिहार के एकलौता रामसर अस्थान बाटे। लोकल स्थाई चिरई सभ के अलावा इहाँ कई किसिम के बिदेसी चिरई सभ जाड़ा में आवे लीं। बगले में जय मंगल गढ़ नाव के एगो मंदिरों बाटे जेकरा के पाल बंस के बनवावल मानल जाला आ अनुमान हवे की ई एगो किला के रूप में रहे।[2]
नोट[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "Kabartal Wetland - Ramsar Sites Information Service". rsis.ramsar.org. Ramsar Sites Information Service. Retrieved 19 नवंबर 2021.
- ↑ "काँवर झील". tourism.bihar.gov.in. पर्यटन विभाग, बिहार सरकार. Retrieved 19 नवंबर 2021.
ई बिहार के कौनो जगह से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |