काजल अग्रवाल
काजल अग्रवाल | |
|---|---|
2023 में काजल अग्रवाल | |
| जनम | 19 जून 1985[1] |
| पेशा सभ | मॉडल, ऐक्ट्रेस, गायिका |
| परिवार |
|
काजल ए. किचलू (जनम के नाम: काजल अग्रवाल; जनम: 19 जून 1985), जे काजल अग्रवाल के नाम से जानल जाली, एगो भारतीय एक्ट्रेस बाड़ी। ऊ मुख्य रूप से तेलुगु, तमिल आ हिंदी फिलिमन में काम करेली। काजल दक्षिण भारतीय सिनेमा के सबसे अधिक मेहनताना लेवे वाली एक्ट्रेस सभ में गिनल जाली। उनकरा तीन गो साउथ इंडियन इंटरनेशनल मूवी अवार्ड (SIIMA) आ एगो फिल्मफेयर अवार्ड मिल चुकल बा।
काजल 2004 में हिंदी फिलिम क्यूँ! हो गया ना... में एगो छोट भूमिका निभा के अपना एक्टिंग करियर के शुरुआत कइली। 2007 में उनकर पहिलका तेलुगु फिलिम लक्ष्मी कल्याणम रिलीज भइल। ओही साल आइल फिलिम चंदामामा में निभावल भूमिका से उनकरा के व्यापक पहचान मिलल।
2009 में रिलीज भइल फैंटेसी फिलिम मगाधीरा, जे अबले के सबसे अधिक कमाई करे वाली तेलुगु फिलिम सभ में से एगो बा, काजल के करियर के एगो महत्वपूर्ण मोड़ साबित भइल। एह फिलिम में उनकर एक्टिंग के समीक्षक लोग से बहुत सराहना मिलल।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Kajal Agarwal takes a break on her birthday". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 19 June 2012. Retrieved 31 August 2012.
| ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |