Jump to content

एक्सचेंज ट्रेडेड फंड

विकिपीडिया से

एक्सचेंज ट्रेडेड फंड (अंग्रेजी: exchange traded fund) भा ईटीएफ (ETF) एक किसिम के इन्वेस्टमेंट ह आ ई एक्चेंज ट्रेडेड प्रोडक्टो ह; ई मार्केट में स्टॉक (शेयर) नियन खरीदल-बेचल जा सके ला। ई एक तरह के एकट्ठा पूल कइल चीजन में इन्वेस्टमेंट होला। इनहन के एगो पोर्टफोलियो के नियन चाहे डलिया नियन बूझल जा सके ला। उदाहरण खातिर इंडेक्स वाला ईटीएफ में इन्वेस्टमेंट क मतलब भइल की ब्यक्ति अपन पइसा ओह इंडेक्स में सामिल कंपनी सभ में लगा रहल बा उनहन के वेटेज के हिसाब से। ईटीएफ के स्टॉक के तुलना में सुरक्षित निवेश मानल जाला।

भारत में 2001 में ईटीएफ फंड शुरू भइल रहे। बेंचमार्क म्यूचुअल फंड द्वारा शुरू कइल गइल निफ्टी50 पर आधारित पहिला ईटीएफ निफ्टी-बीईएस (निफ्टी बेंचमार्क एक्सचेंज ट्रेडेड स्कीम) रहल।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]