स्टॉक मार्केट

विकिपीडिया से

स्टॉक मार्केट (अंग्रेजी: stock market), शेयर बाजार, इक्विटी मार्केट (अंग्रेजी: equity market) भा शेयर मार्केट (अंग्रेजी: share market), स्टॉक (जिनहना के शेयरो कहल जाला) के खरीददार आ बेचे वाला लोग के एकट्ठा होखे से बनल बजार ह। स्टॉक भा शेयर सभ बिजनेस सभ पर मालिकाना दावा के प्रतिनिधित्व करे लें; इनहन में पब्लिक स्टॉक एक्सचेंज में लिस्टेड सिक्योरिटी सभ के साथे-साथ अइसन स्टॉक भी सामिल हो सके लें जिनहन क कारोबार खाली निजी रूप से होला, जइसे कि निजी कंपनी सभ के शेयर जे निवेशक लोग के इक्विटी क्राउडफंडिंग प्लेटफार्म के माध्यम से बेचल जालें। आमतौर पर स्टॉक मार्केट में इन्वेस्टमेंट सभ खास इन्वेस्टमेंट रणनीति के ध्यान में रख के कइल जाला।

अउरी पढ़ल जाय[संपादन करीं]

  • Hamilton, W. P. (1922). The Stock Market Baraometer. New York: John Wiley & Sons Inc (1998 reprint). ISBN 978-0-471-24764-7.
  • Preda, Alex (2009). Framing Finance: The Boundaries of Markets and Modern Capitalism. University of Chicago Press. ISBN 978-0-226-67932-7.
  • Siegel, Jeremy J. (2008). "Stock Market". In David R. Henderson (ed.). Concise Encyclopedia of Economics (2nd ed.). Indianapolis: Library of Economics and Liberty. ISBN 978-0865976658. OCLC 237794267. Archived from the original on December 13, 2012. Retrieved July 23, 2013.