Jump to content

म्यूचुअल फंड

विकिपीडिया से

म्यूचुअल फंड चाहे म्युचुअल फंड (अंग्रेजी: mutual fund) प्रोफेशनल तरीका से मैनेज कइल सामूहिक इन्वेस्टमेंट प्लान होला जे कई इन्वेस्टर लोग के पइसा के एकट्ठा करे ला आ स्टॉक, बांड, शॉर्ट-टर्म मुद्रा बाजार के इंस्ट्रूमेंट आ/या अउरी सिक्योरिटीज सभ में निवेश करे ला। साधारण भाषा में कहल जाव त बहुते लोग आपन पइसा एकट्ठा क के, प्रोफेशनल मैनेजर के मदद से, शेयर बजार भा इन्वेस्टमेंट प्लान में लगा देला। एह तरह से लोगन क पइसा सामूहिक रूप से म्यूचुअल फंड में लगावल जाला आ जवन मुनाफा होला ओकरा के सगरी इन्वेस्टर लोगन के साझेदारी (हिस्सेदारी भा शेयर) की हिसाब से बाँटल दिहल जाला।

म्यूचुअल फंड एह कारन से पॉपुलर बा काहे कि एहसे जटिल फाइनेंस मार्केट में आसानी से इन्वेस्ट करे के मोका मिल जाला। म्यूचुअल फंड के सफलता के एगो बड़ हिस्सा एकरा से मिले वाला डाइवर्सिफिकेशन, प्रोफेशनल मैनेजमेंट आ लिक्विडिटी के कारन होखे ला।

म्युचुअल फंड कई किसिम के होखे लें जइसे कि - इक्विटी फंड/ग्रोथ फंड, डेट फंड, बैलेंस्ड म्युचुअल फंड, टैक्स सेविंग फंड, आ इंडेक्स फंड।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]