Jump to content

घाटी

विकिपीडिया से
(उपत्यका से अनुप्रेषित)
पहाड़ी ढाल के बीचा में घाटी
ई दुनों उपत्यका के उदाहरण हईं

घाटी (अंग्रेजी: valley) धरती के सतह पर खाल लमछर हिस्सा होला[1] जेकरे दुनों किनारे पर पहाड़ी चाहे पहाड़ होखे लें आ बीचा के सभसे निचला हिस्सा में आमतौर पर नदी के धारा बहे ले। किनारे के ढाल के द्वारा बने वाली आकृति के आधार पर घाटी सभ के मुख्य रूप से वी-आकार आ यू-आकार के घाटी में बाँटल जाला।[2][3][4] टेक्टानिक हलचल से बनल लमहर निचाई वाला इलाका सभ रिफ्ट घाटी होलें। दू गो किनारा सभ के बीचा में एकदम से गहिरा खड़ा ढाल वाली घाटी गॉर्ज होले आ अइसन खड़ा ढाल वाली घाटी के बिस्तार लंबाई में दूर ले होखे तब पूरा संरचना के कैनियन कहल जालीं।[1] गॉर्ज सभ के, इनहन के आकृति के चलते, आई-आकार के घाटी भी कहल जाला।[5]

एगो दुसरे अर्थ में घाटी भा उपत्यका[6][7], जइसे कि काठमांडू उपत्यका, पहाड़न से घेराइल निचाई वाला इलाक भा तलहटी के, चाहे पहाड़ के लगे के तराई होला; जबकि ऊँचाई वाला हिस्सा सभ के अधित्यका कहल जाला।[8][9]

नदी घाटी

[संपादन करीं]

कवनो नदी घाटी के विकास कई कारकन से प्रभावित होला। एहमें प्रमुख रूप से ओह बेडरॉक भा जलोढ़ निक्षेप (एल्यूवियम) के सोभाव सामिल बा, जवना पर नदी भा धारा बहत होखे, घाटी के ऊपरी आ निचला भाग के बीच के ऊँचाई के अंतर, आ लोकल जलवायु। आमतौर पर नदी के बहाव नीचे की ओर बढ़त जाला, जबकि ओकर ढाल (ग्रेडिएंट) धीरे-धीरे कम होत जाला। घाटी के ऊपरी भाग में नदी अपना तली के अधिक प्रभावी ढंग से अपघर्षण (कोर्रेशन) द्वारा काटेला, जवना से खड़ी ढाल वाला वी-आकार के घाटी के निर्माण होला। अगर रस्ता में अधिक कठोर शैल-स्तर, भूवैज्ञानिक भ्रंश (फॉल्ट), दरार (फ्रैक्चर) भा वलन (फोल्ड) मौजूद होखे, त ई सभ नदी के मार्ग के प्रभावित कर सकेला। एह कारण नदी के मार्ग घुमावदार हो सकेला आ घाटी में अंतःस्थापित अंतरीप (इंटरलॉकिंग स्पर) जइसन स्थलाकृति विकसित हो सकेली।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. 1 2 "valley | geology | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 14 जनवरी 2021.
  2. ↑ "V-shaped valley". Oxford Reference (अंग्रेजी में). doi:10.1093/oi/authority.20110803120300597.
  3. ↑ "Valleys". nationalgeographic.com (अंग्रेजी में). 15 अक्टूबर 2009. Retrieved 14 जनवरी 2021.
  4. ↑ "U-Shaped vs V-Shaped Valleys: Formation and Examples". Sandatlas – Explore Rocks. 24 February 2012. Retrieved 13 July 2026.
  5. ↑ Longman Panorama Geography 7 (अंग्रेजी में). Pearson Education India. ISBN 978-81-317-1209-2. Retrieved 14 जनवरी 2021.
  6. ↑ "उपत्यका". shabdkosh.raftaar.in. Archived from the original on 2017-10-20. Retrieved 24 जनवरी 2018.
  7. ↑ Kumar, Arvind; Kumar, Kusum (1 जनवरी 2006). Arvind Sahaj Samantar Kosh (Hindi में). Rajkamal Prakashan. ISBN 978-81-267-1103-1.
  8. ↑ Books, Kausiki (24 अक्टूबर 2021). Sankshipta Narada Purana Part 2: संक्षिप्त नारद पुराण: केवल हिंदी (Hindi में). Kausiki Books.
  9. ↑ Avasthī, Sureśa (1981). Chambers English-Hindi Dictionary (Hindi में). Allied Publishers.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]

धरती से बाहरी

[संपादन करीं]