इन्फीरियर आ सुपीरियर ग्रह

सौर मंडल में कौनों ग्रह के दुसरे ग्रह के संदर्भ में इन्फीरियर (inferior) भा इंटीरियर (interior) ग्रह कहल जाला जब ओह ग्रह के कक्षा (ऑर्बिट, सुरुज के चारो ओर चक्कर लगावे वाला रस्ता) पूरा तरीका से दुसरका ग्रह के कक्षा के भीतर होखे। अगर पृथिवी के संदर्भ मानल जाय तब हमनी के सौर मंडल में दू गो ग्रह बुध आ शुक्र पृथिवी के संदर्भ में इन्फीरियर ग्रह हवें काहें से कि इनहन के ऑर्बिट पूरा तरीका से पृथिवी के ऑर्बिट से छोट हवे आ एकरे भीतर आवे ले। एह तरीका से सुरुज के चक्कर लगावे में पृथिवी इनहन दुनों से सुपीरियर (superior) ग्रह हवे। एही तरीका से पृथिवी के सुरुज के चारों ओर चक्कर लगावे वाली कक्षा जिनहन के कक्षा से छोट बाटे ऊ सगरी पिंड पृथिवी से सुपीरियर कहल जालें। मंगल, बृहस्पति, शनि, यूरेनस आ नेपच्यून पृथिवी के संदर्भ में सुपीरियर ग्रह हवें। बौना ग्रह जइसे कि सेरेस आ प्लूटो आ लगभग सगरी एस्टेरॉइड सभ एह अरथ में सुपीरियर कहल जालें काहें कि इनहनों के ऑर्बिट पृथिवी के ऑर्बिट से बड़हन बाटे आ एकरा बहरें पड़े लीं।
कटेगरी
[संपादन करीं]जब पृथिवी के संदर्भ मानल जाला:
- इन्फीरियर ग्रह: बुध, आ शुक्र
- सुपीरियर ग्रह: मंगल, बृहस्पति, शनि, यूरेनस आ नेपच्यून
| ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |