Jump to content

इंदौर

विकिपीडिया से
(इन्दौर से अनुप्रेषित)
इन्दौर
देस भारत
राज्यमध्य प्रदेश
Population
 (2011)
  Total2,167,447

इन्दौर भारत के मध्य प्रदेश राज्य में एक ठो शहर बा। जनसंख्या के हिसाब से ई मध्य प्रदेश के सभसे बड़ शहर हवे, २०११ के जनगणना के हिसाब से एकर जनसंख्या २१,६७,४४७ बा जे खाली ५३० वर्ग किलोमीटर के क्षेत्र में बँटल बा। ई मध्य प्रदेश में सबसे जादे घन आबादी वाला शहर भी बा. ई भारत में टियर - २ शहरन में आवे ला। इंदौर महानगरीय छेत्र (शहर अउरी आसपास के इलाका) के आबादी ३ लाख लोगन के साथ राज्य में सबसे बेसी बाटे. ई इंदौर जिला आ इंदौर प्रभाग दुनों के मुख्यालय के रूप में काम करेला। एकरा के मध्य प्रदेश राज्य के वाणिज्यिक राजधानी भी कहल जाला। एकरा साथ ही इ नगर न केवल मध्य प्रदेश बल्कि देश के अन्य क्षेत्रन खातिर शिक्षा के एगो केंद्र के रूप में प्रसिद्ध बा. भारत के आजाद होखे से पहिले इ इंदौर रियासत के राजधानी रहे। ३] मालवा पठार के दक्खिनी छोर पर स्थित इंदौर शहर, राज्य के राजधानी भोपाल से १९० किमी पश्चिम में स्थित बा.

जनसांख्यिकी

[संपादन करीं]

साल 2011 के जनगणना[1] अनुसार इन्दौर के कुल शहरी जनसंख्या 19,64,086 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 21,67,447 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 14वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 925 आ साक्षरता के दर 85.87% बाटे।[1]

  1. 1 2 "City Census 2011". census2011.co.in. Retrieved 22 नवंबर 2016.