इडली
Jump to navigation
Jump to search
| |
समय | नाश्ता, मुख्य भोजन |
---|---|
उत्पत्ति के अस्थान | भारतीय उपमहादीप |
क्षेत्र या राज्य | दक्खिन भारत |
जुड़ल बाटे national cuisine | भारत, सिंगापुर, श्रीलंका, मलेशिया |
परोसत समय | गरम, सांभर आ नारियल के चटनी के साथे |
मुख्य सामान | उर्दी (भूसी-बिना), चाउर |
भेद-बिभेद | बटन इडली, टट्टे इडली, सन्ना, रवा इडली |
इडली चाउर आ उर्दी के फुला के, पीस के, भाप से पका के बने वाला एगो दक्खिन भारतीय पकवान हवे जे आमतौर पर नाश्ता के आइटम मानल जाला आ साँभर आ चटनी के साथे परोसल जाला। देखे में ई गोल-गोल आकार के चापट होला आ भाप में पकले के कारन नरम आ गुजगुज होला; रंग आमतौर पर उज्जर भा कुछ पियाराहूँ उज्जर होला। मूल रूप से ई दक्खिन भारत के व्यंजन हवे जे तमिलनाडु आ केरल में आ श्रीलंका में पसंद कइल जाला; हालाँकि, पूरा भारत में दक्खिन भारतीय रेस्टोरेंट में आ बाकी दुनिया में भी जहाँ भारतीय लोग रहत होखे, भारतीय रेस्टोरेंट में मिल जाला। दक्खिन भारत से बाहर एह इलाका के तीन गो सभसे चलनसार आइटम में से ईहो एगो हवे जबकि दोसा आ वडा बाकी दू आइटम हवें।
संदर्भ[संपादन]
ई भोजन-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |