इंफ्रास्ट्रक्चर

विकिपीडिया से

इंफ्रास्ट्रक्चर (अंग्रेजी: infrastructure) भा अवसंरचना कौनों देस, क्षेत्र वगैरह के सेवा देवे वाला अइसन मूलभूत सुबिधा आ सिस्टम होला जवन ओह इलाका के आर्थिक कामकाज के सुचारू ढंग से चले खाती आ सामाजिक बिकास खाती जरूरी होखे। उदाहरण खाती सड़क, रेल, पुल, सुरंग, पानी सप्लाई के सिस्टम, सीवर सिस्टम, बिजली ग्रिड, आ अन्य अइसन सगरी सिस्टम आ सुबिधा जे इलाका के जीवन स्तर सुधारे में मूलभूत भूमिका अदा करें।

ई मूल रूप से फ्रांसीसी भाषा के शब्द हवे। फ्रांस में रेल के पटरी बिछावे खाती नीचे इस्तेमाल होखे वाला सतह के इन्फ्रास्ट्रक्चर कहल जाय। अंग्रेजी में ई शब्द 1887 के बाद से इस्तेमाल होखे लागल आ एकर अरथ होला "अइसन मूल सुरुआती सुबिधा सभ जे कौनों मुख्य सुबिधा भा सिस्टम के स्थापित करे से पहिले होखे के चाहीं"। अंग्रेजी में इ शब्द मलेटरी वाल लोग इस्तेमाल करे आ बाद में शहरन के प्लानिंग करे वाला लोग में भी ई शब्द पापुलर भ गइल।