अलबोर्ज़ परबत
Appearance
अलबोर्ज़, अल्बोर्ज़ भा एल्बुर्ज़ ( listen (मदद·जानकारी) फारसी: البرز) उत्तरी ईरान में एगो परबत श्रेणी बाटे जवन अज़रबैजान के सीमा के सहारे से सुरू हो के कैस्पियन सागर के दक्खिनी किनारे के सहारे हो के आगे पूरुब ओर जा के अल दाग़ पहाड़ में जुड़ जाला।[1] एकरा के पच्छिमी, मध्य आ पूरबी अल्बोर्ज़ में बाँटल जाला। पच्छिमी हिस्सा के तालिश परबत भी कहल जाला। दमावंद परबत, जवन ईरान के सभसे ऊँच पहाड़ हवे, मध्य अल्बोर्ज़ के हिस्सा हवे। पूरबी अल्बोर्ज़ उत्तर-पूरबी दिसा में लंबाई लिहले बाटे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Muhammad Aurang Zeb Mughal (2013). "Caspian Sea." In Biomes & Ecosystems, vol. 2, Robert Warren Howarth (ed.). Ipswich, MA: Salem Press, pp. 431-433.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया अल्बोर्ज़ पर मौजूद बा। |
- अल्बोर्ज़ परबत, ईरान से लिहल फोटो सभ, लिवियस (अंग्रेजी में)
- नक्शा, फोटो आ चोटी सभ के लिस्ट (अंग्रेजी में)
- Astronomy Picture of the Day: मई 3, 2008 (अंग्रेजी में)
निर्देशांक: 36°4′33″N 51°47′46″E / 36.07583°N 51.79611°E
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |