Jump to content

अलकनंदा

विकिपीडिया से
(अलकनन्दा से अनुप्रेषित)
अलकनंदा
नदी
देस  भारत
राज्य उत्तराखंड
प्रदेश/क्षेत्र गढ़वाल मंडल
जिला/डिस्ट्रिक्ट चमोली, रुद्रप्रयाग, पौड़ी गढ़वाल
सहायिका
 - बायें से सरस्वती, धौलीगंगा, नंदाकिनी, पिंडर
 - दहिने से मंदाकिनी
उदगम सतोपनाथ हिमनदभागीरथी खरक हिमानी के संगम से
 - ऊँचाई 3,880 मी (12,730 फीट)
सोता के संगम भागीरथी नदी
मुहाना गंगा
 - लोकेशन देवप्रयाग, उत्तराखंड, भारत
 - ऊँचाई 475 मी (1,558 फीट)
लंबाई 190 किमी (118 मील)
थाला 10,882 किमी2 (4,202 वर्ग मील)
जलनिकास
 - औसत 439.36 m3/s (15,516 cu ft/s)
गढ़वाल क्षेत्र के हिमालयी नदी धारा सभ के नक्शा। ई नदी कुल मिल के गंगा के रचना करे लीं।

अलकनंदा भारत के उत्तराखंड राज्य में बहे वाली एगो हिमालयी नदी हिया जेवन हिंदू धर्म में सभसे पबित्र मानल जाये वाली गंगा नदी के दू ठो सुरुआती धारा में गिनल जाले। परम्पारा में भागीरथी के गंगा के मुख्य सोता मानल जाला बाकी जलबिज्ञानी लोग अलकनंदा के मुख्य धारा माने लें काहे से की ई भागीरथी ले ढेर लमहर बा।

अलकनंदा आ भागीरथी के संगम देवप्रयाग में होला। एही संगम के बाद नदी के नाँव गंगा हो जाला।

हिंदू लोग के एगो प्रमुख तीर्थ बद्री धाम अलकनंदा के लगे बाटे।

अलकनंदा नदी अपना राफ्टिंग ग्रेड के उच्च होखे के कारण दुनिया के रिवर राफ्टिंग खातिर सभसे नीक नदी सभ में गिनल जाले।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]

निर्देशांक: 30°08′N 78°36′E / 30.133°N 78.600°E / 30.133; 78.600