अराक्नोथेरा मैग्ना
अराक्नोथेरा मैग्ना | |
---|---|
![]() | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | Animalia |
फाइलम: | Chordata |
क्लास: | Aves |
ऑर्डर (Order): | Passeriformes |
परिवार: | Nectariniidae |
जाति (Genus): | Arachnothera |
प्रजाति: | A. magna |
दूपद नाँव | |
Arachnothera magna (Hodgson, 1837) |
अराक्नोथेरा मैग्ना (Streaked Spiderhunter, बैज्ञानिक नाँव:Arachnothera magna) चिरइन के नेक्टरनिडाई (फूल के रस चूसे वाली चिरई) परिवार के एगो प्रजाति बाटे।
रंगरूप
[संपादन करीं]ई एक ठो छोट साइज के चिरई होली सन, लगभग गौरइया के आकार के।[2] एकर रंग जैतूनी पीयर होला आ ओह पर गाढ़ा रंग के धारी (streaks) होखे लीं। एकर ठोर लमहर, पातर आ हल्का सा गोलाई लिहले आर्च नियर होला। ठोर खास, फूलन के रस चूसे के हिसाब से होला। ठोर के रंग करिया आ टांग के रंग पीयर होला। पेट आ सीना के हिस्सा पीयर रंग के आ करिया धारी वाला होला।[2][3]
इलाका बिस्तार
[संपादन करीं]एह चिरई ए प्राकृतिक आवास उपउष्णकटिबंधीय आ उष्णकटिबंधीय इलाका के नम निचली जमीन वाला जंगली हिस्सा आ नम पहाड़ी जंगल वाला इलाका हवें। भूगोलीय बिस्तार के हिसाब से देखल जाय तब, ई चिरई दक्खिनी एशिया आ दक्खिन पूरब एशिया के हिस्सन में पावल जाले। भारत के पूरबी राज्यन में, भूटान, बांग्लादेश, बर्मा, कम्बोडिया, चीन, लाओस, मलेशिया, थाईलैंड आ वियतनाम में पावल जाले।
आदत बेहवार
[संपादन करीं]एह प्रजाति के चिरईन के अकेल या जोड़ा में घूमत पावल जाला। एकरा अंडा देवे के समय मार्च से जुलाई के बीच होला। खतोना, मुख्य रूप से छोट पतई सभ के बनल होला आ अक्सर कौनों बड़हन पतई के पछिला हिस्सा में सटल होला।[2]
भोजन
[संपादन करीं]ई चिरई फूलन के रस चूसे ले।
फोटो गैलरी
[संपादन करीं]-
Streaked spiderhunter in Kaeng Krachan National Park, Thailand
-
In Kaeng Krachan National Park, Thailand
-
About to feed on a banana palm inflorescence
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Arachnothera magna". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2013.2. International Union for Conservation of Nature. 2012. Retrieved 31 मई 2016.
{{cite web}}
: Invalid|ref=harv
(help); Unknown parameter|authors=
ignored (help) - ↑ 2.0 2.1 2.2 अली, सालिम (1996). The Book of Indian Birds (अंग्रेजी में). भारत: ऑक्सफोर्ड यूनिवर्सिटी प्रेस. p. 299.
- ↑ Grewal, Bikram (2000). Birds of the Indian Subcontinent. India: Local Colour Limited. p. 137.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमन्स पर Arachnothera magna से संबंधित मीडिया
![]() | ई चिरई-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |