अराकान परबत

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
अराकान योमा
राखिन परबत
अराकान योमा is located in म्यांमार
अराकान योमा
अराकान योमा
बर्मा में अराकान योमा
Highest point
परबतचोटी माउंट विक्टोरिया
ऊँचाई 3,094 मी (10,151 फीट)
Naming
मूलभाषा में ရခိုင်ရိုးမ (Arakan Yoma)
भूगोल
देस बर्मा
राज्य/प्रांत राखिन राज्य
Geology
चट्टान प्रकार आग्नेय चट्टान के बेस की ऊपर बहुत रूपांतरित आ कस के पैक अवसादी चट्टान

अराकान परबत, अराकान योमा भा रखाइन परबत (अंगरेजी: Arakan Mountains; Burmese: ရခိုင်ရိုးမ) पच्छिमी बर्मा (म्यांमार) में एगो परबत श्रेणी बाटे। ई परबत भारत के आसाम नागालैंड आ मणिपुर के पहाड़ी सभ के बिस्तार के रूप में मौजूद बाटे आ नर्गिस अंतरीप ले लंबाई लिहले बाटे। कुछ जगह मणिपुर आ नागालैंड के पहाड़ी सभ के एही परबत श्रेणी के हिस्सा मानल जाला। एह तरीका से एह में नगा पहाड़ी, चिन पहाड़ी, लुशाई पहाड़ी इत्यादि भी एही में शामिल हो जानीं।[1] ई पहाड़ बंगाल के खाड़ी में डूब जाला आ आगे जा के अंडमान निकोबार दीप समूह के रूप में उपराला।

संदर्भ[संपादन]

  1. "Rakhine Mountains". Encyclopædia Britannica. पहुँचतिथी 25 दिसंबर 2015.