Error {{native name}}: an IETF language tag as parameter {{{1}}} is required (help)
भूगोल
देस
बर्मा
राज्य/प्रांत
राखिन राज्य
Geology
चट्टान प्रकार
आग्नेय चट्टान के बेस की ऊपर बहुत रूपांतरित आ कस के पैक अवसादी चट्टान
अराकान परबत, अराकान योमा भा रखाइन परबत (अंग्रेजी: Arakan Mountains; Burmese: ရခိုင်ရိုးမ) पच्छिमी बर्मा (म्यांमार) में एगो परबत श्रेणी बाटे। ई परबत भारत के आसाम नागालैंड आ मणिपुर के पहाड़ी सभ के बिस्तार के रूप में मौजूद बाटे आ नर्गिस अंतरीप ले लंबाई लिहले बाटे। कुछ जगह मणिपुर आ नागालैंड के पहाड़ी सभ के एही परबत श्रेणी के हिस्सा मानल जाला। एह तरीका से एह में नगा पहाड़ी, चिन पहाड़ी, लुशाई पहाड़ी वगैरह भी एही में शामिल हो जानीं।[1] ई पहाड़ बंगाल के खाड़ी में डूब जाला आ आगे जा के अंडमान निकोबार दीप समूह के रूप में उपराला।