अफिरका

विकिपीडिया से
(अफ़्रीका से अनुप्रेषित)
ग्लोब पर अफ़्रीका महादीप क इस्थिति

अफ़्रीका (अंग्रेजी:Africa) एशिया कि बाद विश्व क सबसे बड़ महाद्वीप हवे। यह 37014' उत्तरी अक्षांश से 34050' दक्षिणी अक्षांश आ 17033' पश्चिमी देशान्तर से 51023' पूर्वी देशान्तर की बीच स्थित बाटे। [1] अफ्रीका की उत्तर में भूमध्यसागर आ यूरोप महाद्वीप, पश्चिम में अटलांटिक महासागर, दक्षिण में दक्षिण अटलांटिक महासागर आ प्रुब ओर अरब सागरहिन्द महासागर बातें। पूर्व में स्वेज थल डमरू एके एशिया से जोड़ले बा आ स्वेज नहर एके एशिया से अलगा करे ले। जिब्राल्टर जलडमरू एके उत्तर में यूरोप महाद्वीप से अलगा करेला।

ए महाद्वीप में बिसाल रेगिस्तान, बहुत घन जंगल, घास क मैदान, बड़ी-बड़ी नद्दी आ झील अउरी विचित्र-विचित्र जंगली जानवर पावल जाला। मुख्य मध्याह्न रेखा (00)अफ्रीका महाद्वीप की घाना देश की राजधानी अक्रा शहर से हो के गुजरे ले।

कुछ इतिहासकार लोगन क मत ई बाटे कि मनुष्य क उत्पत्ति एही महाद्वीप पर भइल आ एही जा से बाकी महादीपन पर आदमी गइल। एही महादीप में विश्व की दूगो प्राचीन सभ्यता क (मिस्र एवं कार्थेज) क भी विकास भइल। अफ्रीका क बहुत देश द्वितीय विश्व युद्ध की बाद स्वतंत्र भइल हवें आ ई कुल देस अपनी आर्थिक बिकास में लागल बाड़े।

इतिहास[संपादन करीं]

भूगोल[संपादन करीं]

अफ़्रीका क उपग्रह चित्र (मोजैक)
अंतरीप अफ़्रीका क उपग्रह चित्र

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. तिवारी, विजय शंकर (जुलाई 2004), आलोक भू-दर्शन, कलकत्ता: निर्मल प्रकाशन. प॰ 67.